[the_ad_group id="30365"]

यूपी में कोरोना के अलर्ट: सब पुलिसकर्मियन के मास्क पहिनल अनिवार्य, बचाव खातिर जारी कइल गइल दिशा निर्देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में कोरोना के नयका वेरिएंट के दस्तक देहले के साथही सरकार सतर्क मोड में आ गइल बा। एही कड़ी में पुलिस विभाग कोरोना संक्रमण से बचाव खातिर प्रोटोकाल के कड़ाई से पालन करे खातिर दिशा-निर्देश जारी कs दिहलें। जेमें सब पुलिस कर्मियन के अनिवार्य रूप से मास्क पहिनले अउर सेनिटाइजर के इस्तेमाल करे के निर्देश दिहल गइल बा।

अपर पुलिस महानिदेशक कानून-व्यवस्था प्रशांत कुमार के ओर से बियफे के जोनल एडीजी, पुलिस कमिश्नर, आईजी रेंज अउर डीआईजी अउर एसएसपी के नाम दिशा-निर्देश जारी कइल गइल बा। जेमें पुलिस कर्मियन के सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करे के साथही शत-प्रतिशत टीकाकरण करावे के निर्देश दिहल गइल बा। जे बूस्टर डोज नइखे लगववले, उनके तत्काल टीका लगवावे के कहल गइल बा।

पुलिस कमिश्नरेट अउर जिला में उपलब्ध सब पब्लिक ऐड्रेस सिस्टम के जांच करावत ओके तत्काल क्रियाशील करे अउर नया पब्लिक ऐड्रेस सिस्टम लगावे ख़ातिर स्थान के चिन्हीकरण करे के भी निर्देश दिहल गइल बा। इंटीग्रेटेड कमांड कंट्रोल सेंटर पर पुलिसकर्मियन के तैनाती करे अउर भीड़भाड़ वाले सार्वजनिक स्थान पर सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करवावे के कहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]