Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीवान में ऑपरेशन मुस्कान के तहत 52 मोबाइल बरामद: एसपी मालिकन के सउपलें, आगहू ऐसी कार्रवाई करे के कहलें

2,123

राज्य भर में ऑपरेशन मुस्कान चलावल जा रहल बा। ऑपरेशन मुस्कान के तहत भुलाइल हुआ मोबाइल बरामद कइल गइल बा। आ ओकरा मालिक के सउप दिहल गइल बा। एही के तहत सुक के सीवान समाहरणालय में कुल 52 मोबाइल ओकरा मालिकन के सउपल गइल बा। मोबाइल मिल गइला से लोगन में बहुते खुशी झलकत रहे।

मोबाइल भुला गइला के बाद लोग एकर शिकायत थाना में कइले रहे। लोगन के अपना निजी आ गोपनीय डाटा गलत हाथन में जाये के खतरो रहेला। सीवान पुलिस द्वारा एह ममिला में सक्रियता देखावत कार्रवाई कइल गइल। ओकरा तहत भुलाइल मोबाइल भा चोरी कइल गइल मोबाइल के बरामद कइल गइल बा।

एसपी शैलेश कुमार सिन्हा कहलें कि- 

राज्य में ऑपरेशन मुस्कान चलावल जा रहल बा। गुम भइल मोबाइल के बरामद कइल जा रहल बा। ओहि तरे सीवान में एह अभियान के तहत 1 महीना के भीतर 52 मोबाइल बरामद कइल गइल बा जवन मोबाइल मालिक के दे दिहल गइल। ई अभियान अभी चलता रही। एसपी आगे कहलें ई सारा मोबाइल गुम भइल मोबाइल हs। एमे चोरी के मोबाइल सामिल नइखे। ओहिजा मोबाइल प्राप्त करे वान में रेणु कुमारी, संगीता देवी, विकास कुमार साह, मोहम्मद शौकत अली, मनजीत कुमार सिंह, प्रीयेश कुमार, आलोक रंजन, अरविंद कुमार सिंह, नीतीश कुमार सिंह, नसीम आलम, प्रदीप पांडे विनोद मांझी इत्यादि लोग सामिल रहे।

623570cookie-checkसीवान में ऑपरेशन मुस्कान के तहत 52 मोबाइल बरामद: एसपी मालिकन के सउपलें, आगहू ऐसी कार्रवाई करे के कहलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.