Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खोराबार टाउनशिप एंड मेडिसिटी योजना: सर्वे जारी…आजु होइ स्थानीय लोग आ अधिकारियन में बातचीत

2,020

 

 

जीडीए (गोरखपुर विकास प्राधिकरण) के ओर से मंगलवार के खोराबार टाउनशिप एंड मेडिसिटी योजना योजना में सर्वेक्षण जारी रहल। जीडीए के टीम सेक्टर 4 में सर्वेक्षण के काम पूरा कईलस। एकरा चलते जीडीए के अधिकारी अवुरी स्थानीय जनता के बीच बैठक ना हो पावल। अब बुध के दिने जीडीए सभागार में दुपहरिया बारह बजे से दुपहरिया दू बजे ले बइठक होखी। एहमें 12 से 1 बजे ले सेक्टर एक आ दू के लोग भाग लीहें। एकरा बाद सेक्टर तीन अवुरी चार के निवासी के बोलावल जाई।

खोराबार आ जंगल सीकरी के सैनीक नगर में खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी योजना खातिर जीडीए जमीन अधिग्रहण कs लिहले बा। इहाँ जब जीडीए अतिक्रमण हटावे लागल त लोग विरोध कईले। सीएम के निर्देश पs जीडीए के अधिकारी पूरा इलाका के चार सेक्टर में बांट के सर्वेक्षण के शुरुआत कईले। मंगलवार के टीम सर्वेक्षण करे खातीर सेक्टर 4 पहुंचल। एकरा अलावे सेक्टर 3 के मदरहवा चौराहे से कालिंदी स्कूल ले सर्वेक्षण भी कईल गईल। मकान, टीन शेड आ खाली जमीन के सर्वेक्षण करे खातिर पहुँचल टीम डिजिटल सर्वेक्षण भी कर रहल बा । सर्वेक्षण कार्य में स्थानीय निवासी राकेश वर्मा, वीपी सिंह, विमलेश त्रिपाठी, कमलाकांत पाठक, राजेन्द्र त्रिपाठी सहयोग कइले। सर्वेक्षण में लागल सगरी टीम एह रिपोर्ट के तइयार करत बाड़ी सँ जवना के जीडीए के उपाध्यक्ष आ दोसरा अधिकारियन के सोझा राखल जाई। जीडीए के प्रभारी मुख्य अभियंता किशन सिंह के मुताबिक खोराबार टाउनशिप अवुरी मेडिसिटी खातीर अधिग्रहित इलाका में बनल मकान अवुरी टीनशेड के सर्वेक्षण मंगलवार के भी जारी रहल। बुधवार के स्थानीय जनता के संगे बैठक होई। एकरा बाद आगे के फैसला लिहल जाई।

 

 

616380cookie-checkखोराबार टाउनशिप एंड मेडिसिटी योजना: सर्वे जारी…आजु होइ स्थानीय लोग आ अधिकारियन में बातचीत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.