[the_ad_group id="30365"]

11.92 करोड़ के लागत से पहलेजा घाट पीपा पुल से रमसापुर तक सड़क के होई निर्माण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनपुर के दियारा क्षेत्र में बसल लोगन खातिर एगो अच्छा खबर बा। इहां 11 करोड़ 92 लाख रुपिया के लागत से पहलेजा घाट पीपा पुल से रमसापुर, गरीब पट्टी तक सड़क के निर्माण होई। सुक के एह बात के जानकारी देत सोनपुर के विधायक डॉ. रामानुज प्रसाद बतवलें कि पहलेजा घाट पीपा पुल से रमसापुर, गरीब पट्टी तक सड़क बनावे के काम जल्दिये सुरू होई।

ओह सड़क के बनला से दियारा इलाका माने गंगा पार के गरीबपट्टी, रमसापुर, तिवारी टोला, छितरचक, बरियारचक, बतरौली, रामदासचक आदि गांवन के लोगन के अनुमंडल मुख्यालय, प्रखंड मुख्यालय, थाना, हाट-बा जार आदि आने-जाने में सुविधा होई।

पहलेजा घाट से रमसापुर तक सड़क कच्चा होखे के कारण तनिका सा बरखा होखला पs सड़क कीचड़ युक्त हो जाला, जवना से गाड़ी का पैदल चललो दूभर हो जाला। विधायक डॉ. प्रसाद कहलें कि ओह सड़क के निर्माण खातिर कइयन बेर बिहार विधानसभा में प्रश्न के माध्यम से आ सीधे मंत्री आउर सचिव के लिखित आवेदन के माध्यम से सड़क के महत्व के बतावल गइल तब जाके सड़क निर्माण के स्वीकृति मिलल बा। ओह सड़क के निर्माण ग्रामीण कार्य विभाग के माध्यम से होई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]