[the_ad_group id="30365"]

अखिलेश अउरी नीतीश के पोस्टर लगा के सपाई दे रहल बानें सनेसा, यूपी-बिहार मिल के केंद्र से हटइहें भाजपा सरकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ स्थित समाजवादी पार्टी के प्रदेश कार्यालय के बाहर बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अउरी सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के पोस्टर लगावल जा रहल बा, जेकरे माध्यम से संनेसा दिहल जा रहल बा कि यूपी अउरी बिहार एकजुट हो के भाजपा के लोकसभा सदस्यन के संख्या कम कs दें त केंद्र से भाजपा के सरकार खिसक सकतिया।

एह तरह के पोस्टर सपा कार्यकर्ता कार्यालय के बाहर लगा रहल बा। सपा नेता आई पी सिंह कहलें कि पूरा प्रदेश में एह तरह के अभियान चलावल जाला।

बिहार में जदयू के भाजपा के साथ छोड़ के राष्ट्रीय जनता दल के संगे अइले के बाद विपक्ष के आत्मविश्वास बढ़ गइल बा। बतावल जा रहल बा कि एसे भाजपा खातिर मिशन 2024 चुनौतीपूर्ण हो गइल बा।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी हाल में ही देश भर के कई बड़ नेता से मुलाकात कइलें अउरी विपक्ष के एकजुट कइल गइलें के संदेश दिहलें। यूपी के विधानसभा चुनाव में सपा गठबंधन भी 125 सीट पर जीत दर्ज कइले रहे। उमेद कइल जा रहल बा कि सपा यूपी में भाजपा के बरियार टक्कर देई। अइसे में 2024 में भाजपा के राह कठिन मानल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]