[the_ad_group id="30365"]

महुआ मोइत्रा खाकी शॉर्ट्स पs कसली तंज: राहुल के टीशर्ट पs विवाद के बाद बोलली- ई सब भूल जाई, भारत के लोग निक्करन के कीमत चुका रहल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा के दौरान सुक के राहुल गांधी के 41 हजार रुपिया के टीशर्ट के लेके भाजपा उनका के निशाना पs लेलस। भाजपा राहुल के फोटो के साथे लिखलस- “भारत देखो 41 हजार का टीशर्ट”। अब TMC सांसद महुआ मोइत्रा भाजपा पs तंज कसले बाड़ी। महुआ ट्वीट कइली- बैग आ टीशर्ट तs भूलाइये जाई, एघरी तs हर भारतीय देश के सब खाकी निक्करन के कीमत चुका रहल बा लो। 

असल में राहुल बरबरी कंपनी के उजर रंग के टीशर्ट पहनले रहस। कंपनी के वेबसाइट पs एकर कीमत 41 हजार बतावल गइल रहे। भाजपा एह प्राइस टैग के फोटो लेके राहुल गांधी के तस्वीर के साथे ट्वीट कइले रहे। जबाव में कांग्रेस पीएम मोदी के 10 लाख के सूट आ 1.5 लाख के चश्मा के जिकिर करत कहलस कि मुद्दा के बात करs… महंगाई आ बेरोजगारी पs बोलs।

विवादन में घिर रहल बा भारत जोड़ो यात्रा

कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा शुरू होखला के बाद विवादन में घिरत जा रहल बा। सुक के तमिलनाडु के कन्याकुमारी में ऊ कैथोलिक पादरियन से मुलाकात कइले रहस। एह दौरान जब ऊ जब पुछले कि जीजस क्राइस्ट ईश्वर के एगो रूप हवे कि ना? एह पs तमिल पादरी जॉर्ज पोन्नैया कहले- ‘ईसा मसीहे असली भगवान हवे।’

पोन्नैया हिंदू धर्म में पूजल जाये वाला निराकार शक्ति के ईश्वर माने से इनकार करत कहले- भगवान खुद के असली इंसान के रूप में पेश करेले… शक्ति के रूप में ना… एहिसे हमनी के व्यक्ति के तौर पs भगवान को देख पावेनी सs।

महंगा बैग के लेके ट्रोल भइल रहली महुआ

एकरा पहिले अगस्त में मानसून सत्र के दौरान महुआ के लुई वितॉ बैग के लेके भाजपा उनका के ट्रोल कइल रहे। भाजपा उनका पs आरोप लगवले रहे कि जब उनकरब साथी सांसद काकोली घोष महंगाई के मुद्दा पs बोलत रहली, तs महुआ चुपके से आपन 1.6 लाख के बैग टेबुल के नीचे सरका देली। महुआ एकरा जवाब में बैग के साथे आपन फोटोज ट्वीट कइली। ऊ लिखली- झोरावाला फकीर 2019 से संसद में बाडीं, झोरा ले के आइन रहनी… झोला लेके चल पड़ेंम…।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]