[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस अध्यक्ष चुनाव 2022: थरूर सहित पांच सांसदन के निष्पक्षता पर सुबहां, मिस्त्री के पत्र लिख के जतवलें चिंता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के बीच कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव के लेके भी सरगर्मी तेज बा। एह चुनाव के निष्पक्षता के ले के सवाल उठावल जा रहल बा। पार्टी के वरिष्ठ नेता अउरी अध्यक्ष पद के संभावित प्रत्याशी शशि थरूर सहित पांच सांसद लोग चुनाव प्रभारी मधुसूदन मिस्त्री के पत्र लिख के वोटर अउरी प्रत्याशियन के मतदाता सूची उपलब्ध करवले के मांग कइले बानें। कांग्रेस सांसद मनीष तिवारी पहिलहीं ई मांग कs चुकल बानें।

कांग्रेस के तय चुनाव कार्यक्रम के अनुसार 22 सितंबर के पार्टी अध्यक्ष पद के चुनाव के अधिसूचना जारी होई। 24 सितंबर से नामांकन दाखिल कइल जा सकी। निर्विरोध चुनाव नाइ होखले पs 17 अक्तूबर के मतदान करावल जा सकsता।

सांसद शशि थरूर, मनीष तिवारी, कार्ति चिदंबरम, प्रद्युत बारदोलोई अउरी अब्दुल खलिक कांग्रेस चुनाव प्राधिकरण के अध्यक्ष मधुसूदन मिस्त्री के पत्र लिख के नामांकन प्रक्रिया शुरू होखला से पहिले प्रदेश कांग्रेस संगठनों के निर्वाचक मंडल के सूची मतदाता अउरी संभावित उम्मीदवार के मुहइया करवले के मांग कइलें बानें। एह पांच लोकसभा सदस्य अध्यक्ष के चुनाव के प्रक्रिया के निष्पक्षता अउर पारदर्शिता के ले के चिंता प्रकट कइले बा। पांचों सांसद ई पत्र राहुल गांधी के नेतृत्व में चल रहल कांग्रेस के ‘भारत जोड़ो‘ यात्रा से एक दिन पहिले यानी छह सितंबर के लिखले रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]