[the_ad_group id="30365"]

बीएचयू में आजु से सsजी दक्षिण भारतीय फिल्मन के मेला, शामिल होइहें रजनीकांत समेत कई बड़ सुपरस्टार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) के एंफीथियेटर मैदान में चल रहल काशी तमिल संगमम में शिक्षा से ले के कला, संस्कृति, अध्यात्म के संगमम हो रहल बा। सोमार से दक्षिण भारतीय फिल्मन के मेलओ सज जाई। तीन दिवसीय आयोजन के दौरान दक्षिण भारतीय फिल्मन के स्पेशल स्क्रीनिंग कइल जाई। 12 से 14 दिसंबर तक होखे वाले आयोजन में हर दिन एगो बड़ सुपरस्टार के फिलिम के स्क्रीनिंग होई।

एह आयोजन में फिल्म के मुख्य कलाकारो दर्शकन के बीच मौजूद रहिहें। 12 दिसंबर के विजय सेतुपति के फिलिम ‘मामनिथन’ के स्पेशल स्क्रीनिंग होई। 13 दिसंबर के शिवाजी गणेशन के ‘थिरूविलैयादल’ अउर 14 दिसंबर के ‘कर्नन’ के स्पेशल स्क्रीनिंग होई। आयोजन के दौरान दक्षिण भारत के सुपर स्टार रजनीकांत, रांझणा फेम धनुष, विजय सेतुपति आदि के शामिल होखले के संभावना बा।

14 दिसंबर से टेक्सटाइल कॉन्क्लेव

हस्तशिल्प उत्पादन के ले के नयका संभावना तलासे खातिर टेक्सटाइल कॉन्क्लेव के आयोजन कइल जाई। काशी तमिल संगमम के तहत बड़ालालपुर स्थित हस्तकला संकुल में दू दिवसीय टेक्सटाइल कॉन्क्लेव में दूनों शहरन के हस्तशिल्पि हिस्सा लीहें। 14 अउर 15 दिंसबर के होखे वाले टेक्सटाइल कॉन्क्लेव में केंद्रीय वस्त्र उद्योग मंत्री पीयूष गोयल बतौर मुख्य अतिथि शामिल होइहें।

काशी तमिल संगमम के तहत होखे वाले टेक्सटाइल कॉन्क्वेल में तमिलनाडु अउर काशी से जुड़ल उत्पाद के प्रदर्शनी लगावल जाई। बुनकर सेवा केंद्र के सहायक निदेशक संदीप बतवलें कि एह आयोजन के काशी के सथही तमिलनाडु के हस्तशिल्प के बेहतर उद्योग के रास्ता आगे बढ़ी। कॉन्क्लेव में बड़-बड़ उद्योगपति लोग शामिल हो रहल बानें। एहसे उद्योग जगत के भी रास्ता मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]