[the_ad_group id="30365"]

पोर्नोग्राफी मामिला में सुप्रीम कोर्ट दिहलस राज कुंद्रा के अग्रिम जमानत, पूनम पांडे अउर शर्लिनो के राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड एक्ट्रेस शिल्पा शेट्टी के पति अउर बिजनेसमैन राज कुंद्रा के पोर्नोग्राफी मामिला में सुप्रीम कोर्ट से राहत मिलल बा। सुप्रीम कोर्ट राज कुंद्रा के सथही मॉडल शर्लिन चोपड़ा, पूनम पांडे अउर उमेश कामतो के अश्लील सामग्री बनवले अउर उनके ओटीटी प्लेटफॉर्म पर दिखावे के मामिला में अग्रिम जमानत दे दिहले बा। कोर्ट के ओर से कहल गइल बा कि सब आरोपियन के जांच में सहयोग करे के चाहीं अउर जरूरत पड़ले पर जांच में शामिल होखे के चाहीं।

पिछले महीना दाखिल भइल चार्जशीट

पिछले महीना महाराष्ट्र साइबर पुलिस पोर्नोग्राफी मामिला में राज कुंद्रा, शर्लिन चोपड़ा अउर पूनम पांडे के खिलाफ चार्जशीट दाखिल कइले रहे। चार्जशीट में एह बात के दावा कइल गइल कि राज कुंद्रा मुंबई के आसपास स्थित पांच सितारा होटल में अश्लील फिल्म के शूटिंग कइलें अउर एकरे बाद ओके ओटीटी प्लेटफॉर्म के बेचलें। राज कुंद्रा करोड़न रुपया में ई डील कइले रहनें। एहमें कहल गइल रहे कि राज पूनम अउर शर्लिन के संगे एह फिलिम के शूट कइले रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]