[the_ad_group id="30365"]

सोनिया खरगे के सौंपली कांग्रेस के कमान, कहलें- हमरे कपार से एगो बोझ उतर गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनिया गांधी आजु औपचारिक रूप से कांग्रेस अध्यक्ष के कमान मल्लिकार्जुन खरगे के सौंप देहलें। ऊ कांग्रेस मुख्यालय पहुंच के अध्यक्ष पद के कामकाज भी संभाल लिहलें। एह दौरान आयोजित एगो समारोह में सोनिया गांधी कार्यकर्ता के संबोधित कइलें। ऊ कहलें कि ई बड़ बात बा कि एक कमजोर परिवार से आवे वाले नेता के पार्टी चुनले बा। ऊ आपन मेहतन अउर लगन से इहां ले पहुंचल बानें।
सोनिया गांधी आगे कहलें कि हमके यकीन बा कि उनके नेतृत्व में कांग्रेस पहिले से ज्यादा मौजूद होई। उ कहलें, लोकतांत्रिक तरह से कांग्रेस आपन नया अध्यक्ष चुनले बानें। हमके विश्वास बा कि एही तरह से कांग्रेस के सब नेता अइसन शक्ति बनिहें जौन देश के समस्या के सफलता पूर्वक सामना कर सकिहें। कांग्रेस के सामने बड़-बड़ संकट आ, लेकिन कांग्रेस कब्बो हार नाइ मनलें।

ऊ कहली, आजु हमरे कपार से एगो बोझ उतर जाई। एहलिए स्वाभाविक रूप से राहत के अहसास होत रहल। आजु हम बस सहयोग खातिर सब के धन्यवाद कहल चाहतनी। एह मौका पर राहुल गांधी, सोनिया गांधी के अलावा पार्टी के वरिष्ठ नेता मौजूद रहलें
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]