[the_ad_group id="30365"]

अरविंद केजरीवाल के केंद्र सरकार से अपील, ‘नोट पर गांधीजी के साथ होखे लक्ष्मी गणेश के फोटो’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल बुध के प्रेस कॉन्फ्रेंस क के केंद्र सरकार से एगो अहम अपील कइलें। ऊ कहले कि भारतीय रुपया पर गांधीजी के साथ लक्ष्मी-गणेश के फोटो होखे के चाहीं। एसे सुख समृद्धि आई अउर पूरा देश के उनकर आशीर्वाद मिली। ऊ कहलें कि नए नोट से एकर शुरूआत कइल जा सकsता। एकरे खातिर ऊ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पत्र भी लिखिहें।

उ कहलें कि देश के अर्थव्यवस्था बुरे दौर से गुजर रहल बा। डॉलर के मुकाबले रुपया कमजोर होत जा रहल बा। आम आदमी पर एकर असर साफ नजर आ रहल बा। एकर मार आम आदमी के भुगते के पड़ रहल बा। हम चाहतनी कि भारत अमीर देश बने, लोग अमीर बने। एकरे खातिर हमनी के कई सार कदम उठावे के पड़ी। हमनी के बड़ तादात में अस्पताल के निर्माण करे के बा, स्कूल खोले के बा। इन्फ्रास्ट्रक्चर तैयार करे के बा।

केजरीवाल कहलें कि हमनी के कोशिश तब्बे कामयाब होई जब हम पर भगवान के आशीर्वाद होई। ऊ कहलें कि कई बेर अइसन होला कि काफी मेहनत कइले के बाद भी कौनो नतीजा नाइ आवsला। अइसे में भगवान के आशीर्वाद के जरूरत होला। जब देवी देवता के आशीर्वाद होखे त नतीजा आवे लागsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]