[the_ad_group id="30365"]

‘नोट पर गांधी के संगे होखे लक्ष्मी-गणेश के फोटो’ केजरीवाल के बयान के राजस्थान करणी सेना कइलस समर्थन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएम अरविंद केजरीवाल भारतीय मुद्रा पर मां लक्ष्मी अउर भगवान गणेश के फोटो लगावे के मांग केंद्र सरकार के सामने रखल बा। एकरे बाद केजरीवाल के बयान पर अलग-अलग टिप्पणी आ रहल बा। अइसे में राजस्थान करणी सेना सीएम केजरीवाल के समर्थन कइलें।
राजपूत करणी सेना के राष्ट्रीय अध्यक्ष महिपाल सिंह मकराना कहलें, अरविंद केजरीवाल मां लक्ष्मी अउर प्रथम पूज्य भगवान गणेश के फोटो भारतीय मुद्रा पर छापे के बात कहले बानें, उ सराहनीय बानें। अगर अइसन होता त ई हम सब के खातिर सम्मान अउर गौरव के बात होई। ऊ कहलें, लक्ष्मी अउर गणेश के फोटो भारतीय मुद्रा पर होखे चाही। केजरीवाल के एह मांग के जौन लोग विरोध कर रहल बा उनके पता होखे के चाहीं कि मां लक्ष्मी खुद अपने आप में मुद्रा के प्रतीक बा। अइसे में अगर केहू कहे कि मां लक्ष्मी के फोटो लगवलें से केहू पार्टी या नेता के एकर फायदा मिली त ई गलत बा।
https://twitter.com/mahipalsmakrana/status/1585548739615240193?t=_d1Ry9cvZ4nUORzaIIezVg&s=19
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]