[the_ad_group id="30365"]

Sonali Phogat Death Case: हैदराबाद पुलिस गोवा पs लगावल सहयोग ना कइला के आरोप, मंशा पs उठल सवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के नेता आ टिकटॉक स्टार सोनाली फोगाट (sonali phogat) हत्या ममिला में ड्रग्स कनेक्शन ले लेके जांच में जुटल हैदराबाद के पुलिस गोवा पs सहयोग ना करे के आरोप लगवलस। हैदराबाद सिटी पुलिस कमिश्नर सीवी आनंद कहले, जब हमनी के गोवा पुलिस से संपर्क करे के कोसिस कइनी सs, उ सहयोग ना कइलस।

हैदराबाद पुलिस गोवा पुलिस के मंशा पs उठवलस सवाल

हैदराबाद सिटी पुलिस कमिश्नर सीवी आनंद गोवा पुलिस पs गंभीर आरोप लगावत कहले, जब हमनी के गोवा पुलिस से संपर्क करे के कोसिस कइनी सs, उ सहयोग ना कइलस आ एकर परिणाम हमेशा नकारात्मक रहल। आरोपी के पकड़े हमनी के पुलिस गोवा गइल, बाकिर ऊ ना मिलल। ऊ कहले, फोगाट हत्याकांड में प्रितीश नारायण बोरकर उर्फ बाबू बॉस एडमिन बा।

गोवा पुलिस सोनाली फोगाट के घरे पहुंचल, राजस्व अधिकारियन से मुलाकात कइलस

गोवा पुलिस के एगो टीम बियफे के सोनाली फोगाट के संत नगर स्थित आवास पs पहुंचल। बाद में टीम भाजपा नेता के कथित हत्या के जांच के तहत राजस्व अधिकारियन मुलाकात कइलस। फोगाट के हत्या के संबंध में जांच कर रहल पुलिस के टीम बुध के इहां पहुंचल रहे आ पिछला कइयन दिन से फोगाट के बंद आवास पs जब अधिकारी पहुंचले तs फोगाट के परिजन उहां मवजूद रहे लो। बाद में पुलिस टीम राजस्व अधिकारियन से मुलाकात कइलस।  सूत्रन द्वारा बतावल गइल कि गोवा पुलिस जमीन सहित ओह संपत्तियो के आकलन कर रहल बिया, जवन फोगाट के नाम पs बा आ ई पता लगावे के कोसिस कs रहल बिया कि का एह ममिला में संपत्ति से जुड़ल कवनो पहलूओ सामिल बा कि ना। कुछ रिश्तेदार पहिले आरोप लगवले रहे लो कि फोगाट के सहयोगी सुधीर सांगवान के नजर उनका संपत्ति पs रहे।

फोगाट के परिवार के लोग सीबीआई जांच के मांग कइलस, मौजूदा जांच से संतुष्ट नइखे लो

एह बीच, भाजपा नेता के परिवार के सदस्य लोग ममिला के केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो (सीबीआई) से जांच करावे के मांग दोहरावत कहलस लो कि ऊ लोग गोवा पुलिस द्वारा कइल जा रहल जांच से संतुष्ट नइखे लो। टिकटॉक से लोकप्रियता हासिल करे वालीं फोगाट के 23 अगस्त के उत्तरी गोवा में एगो अस्पताल में मृत ले आवल गइल रहे। एक दिन पहिले फोगाट दु आउर लोगन के साथे गोवा पहुंचल रहली। पुलिस के कहनाम बा कि फोगाट के उनका मौत से कुछ घंटा पहिले एक रेस्तरां में नशीला पदार्थ मेथामफेटामाइन दिहल गइल रहे। ममिला में अब तक सुधीर सांगवान समेत पांच लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]