[the_ad_group id="30365"]

कहीं नाइ बनल मीड-डे मील त कहीं मेन्यू के हिसाब से नाइ बनल भोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

परिषदीय विद्यालयन में मध्याह्न भोजन बननवले में नियम के पालन नाइ हो रहल बा। बियफे के कहीं नियमित भोजन नाइ बनल रहे त कहीं पर मेन्यू के हिसाब से भोजन नाइ बनल रहे।

क्षेत्र के प्राथमिक विद्यालय ग्राम रमवापुर उर्फ नेबुआ में भोजन ही नाइ बनल रहे। एहसे बचवन के भुक्खे रहे के पड़ल रहल। स्कूल के विद्यार्थी सचिन, पंकज, रानी अउर अमन बतवलें कि स्कूल में खाना नाइ बनल रहे। तैनात शिक्षामित्र रविशंकर श्रीवास्तव कहनें कि जौन राशन रखल रहे, ऊ सब भीज के खराब हो गइल बा। प्रधानाध्यापक नाइ आइल रहनें, उहे आवत रहनें त सब्जी लावत रहनें, जेकरे चलते आजु भोजन नाइ बन सकल। ऊ छुट्टी पs बानें।

प्राथमिक विद्यालय सिरसिया अउर प्राथमिक विद्यालय पचउद लतीफपुर में मेन्यू के हिसाब से भोजन दिहल गइल। बचवे बतवनें कि आजु उनके रोटी, चावल अउर दाल खाए के मिलल रहे। कंपोजिट पूर्व माध्यमिक विद्यालय शाहपुर में बचवन के मेन्यू के हिसाब से भोजन नाइ मिलल। बियफे के दाल चावल अउर रोटी दिहल जाए के रहल, लेकिन बचवन के चावल अउर सब्जी ही मिलल। एह संबंध में बीएसए देवेंद्र कुमार पांडेय के कहनाम बा कि मामला गंभीर बा। मामिला के जांच कs के जरूरी कार्रवाई कइल जाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]