[the_ad_group id="30365"]

NEET SS काउंसिलिंग: नीट एसएस के काउंसलिंग कार्यक्रम जारी, 22 नवंबर से शुरू होई पंजीयन प्रक्रिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेडिकल काउंसलिंग कमेटी (MCC) द्वारा सुपर-स्पेशियलिटी खातिर राष्ट्रीय पात्रता प्रवेश परीक्षा यानी नीट एसएस खातिर काउंसलिंग 2022 शेड्यूल जारी कइल गइल बा। नीट एसएस काउंसलिंग राउंड-1 अउर 2 के तारीख जारी कs दिहल गइल बा। काउंसलिंग खातिर पंजीकरण 22 नवंबर से शुरू होखे वाला रहल। सब उम्मीदवार, जे नीट एसएस काउंसलिंग खातिर आवेदन कइल चाहतने, ऊ आधिकारिक वेबसाइट – mcc.nic.in पर जा सकतने। नेशनल बोर्ड ऑफ एग्जामिनेशन (NBE) 15 सितंबर, 2022 के NEET SS रिजल्ट 2022 जारी कइल गइल बा।

28 नवंबर ले होई रजिस्ट्रेशन

अब मेडिकल काउंसलिंग कमेटी (MCC) द्वारा जारी कइल गइल आधिकारिक कार्यक्रम के अनुसार, नीट एसएस काउंसलिंग 22 नवंबर से शुरू होई अउर 28 नवंबर, 2022 ले आयोजित कइल जाई। NEET SS सीट 2022 के सीट आवंटन परिणाम एक दिसंबर, 2022 के जारी कइल जाई। उम्मीदवारन के दू दिसंबर से आगे के प्रवेश प्रक्रिया के साथ आगे बढ़े के होई। नीट एसएस काउंसलिंग 2022 उम्मीदवारन द्वारा परीक्षा में मिलल अंक के आधार पर आयोजित कइल जाई।

अइसन रही पहिला दौर के शेड्यूल

  • राउंड-1 खातिर पंजीयन अउर शुल्क भुगतान : 22 नवंबर से 28 नवंबर के दूपहर ले।
  • राउंड-1 च्वॉइस फिलिंग अउर लॉकिंग : 25 नवंबर से 28 नवंबर के रात 11:55 बजे ले।
  • राउंड-1 च्वॉइस लॉकिंग : 28 नवंबर के साँझ चार बजे से 28 नवंबर के रात 11:55 बजे ले।
  • राउंड-1 सीट अलॉटमेंट के प्रक्रिया : 29 नवंबर से 30 नवंबर ले।
  • राउंड-1 के परिणाम : एक दिसंबर, 2022।
  • राउंड-1 में आवंटित संस्थान में रिपोर्टिंग : 02 दिसंबर से 07 दिसंबर, 2022 ले।

ई होई दूसरे दौर के शेड्यूल

  • राउंड-2 खातिर पंजीयन अउर शुल्क भुगतान : 09 दिसंबर से 14 दिसंबर के दोपहर ले।
  • राउंड-2 च्वॉइस फिलिंग अउर लॉकिंग : 10 दिसंबर से 14 दिसंबर के रात 11:55 बजे ले।
  • राउंड-2 च्वॉइस लॉकिंग : 14 दिसंबर से 14 दिसंबर के रात 11:55 बजे ले।
  • राउंड-2 सीट अलॉटमेंट के प्रक्रिया : 15 दिसंबर से 16 दिसंबर ले।
  • राउंड-2 के परिणाम : 17 दिसंबर, 2022।
  • राउंड-2 में आवंटित संस्थान में रिपोर्टिंग : 18 दिसंबर से 24 दिसंबर, 2022 ले।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]