[the_ad_group id="30365"]

BPSC 68TH NOTIFICATION 2022: बीपीएससी 68वीं परीक्षा के नोटिफिकेशन जारी, देखीं योग्यता, आवेदन आ चयन के पूरा जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BPSC 68th Notification 2022: बिहार लोक सेवा आयोग, BPSC 68वीं संयुक्त प्रारंभिक प्रतियोगिता परीक्षा के अधिसूचना जारी कs देले बा। जवना के अनुसार बीपीएससी 68वीं प्रारंभिक परीक्षा खातिर ऑनलाइन आवेदन 25 नवंबर से सुरू होंई। ओहिजा आवेदन के अंतिम तिथि 20 दिसंबर होई। उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट bpsc.bih.nic.in प जाके परीक्षा खातिर ऑनलाइन आवेदन क सकी लो।

जारी नोटिफिकेशन के मोताबिक एकरा माध्यम से कुल 281 पदन प भर्ती होई। जेमे 77 पद महिला लोगन खातिर आरक्षित बा। एमे बिहार सरकार के अलग-अलग विभागन के अलग-अलग पद सामिल बा। पूरा वैकेंसी डिटेल भर्ती के अधिसूचना से देखल जा सकत बा।

शैक्षिक योग्यता

मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से स्नातक भा समकक्ष पास उम्मीदवार परीक्षा खातिर आवेदन क सकत बा। हांलाकि जिला अग्निमिशन पदाधिकारी खातिर विज्ञान से ग्रेजुएशन भा फ़ायर इंजीनियरिंग में ग्रेजुएशन भा यांत्रिकी /ऑटोमोबाइल में इंजीनियरिंग से ग्रेजुएट होखल जरूरी बा।

आयु सीमा

कुछ पदन खातिर न्यूनतम आयु सीमा 20 बरिस, कुछ खातिर 21 आ आउर खातिर 22 बरिस निर्धारित बा। ओहिजा अधिकतम आयु सीमा सब पदन खातिर 37 बरिस बा। हांलाकि अनारक्षित महिला, पिछड़ा वर्ग आ अति पिछड़ा वर्ग खातिर अधिकतम आयुसीमा 40 बरिस आ SC, ST वर्ग खातिर 42 बरिस आयु सीमा बा।

आवेदन शुल्क

परीक्षा खातिर आवेदन कइला प 600 रपिया शुल्क देवे के होई। SC,ST, महिला आ दिव्यांग वर्ग खातिर ई 150 रुपिया ना।

चयन प्रक्रिया

पदन प उम्मीदवारन के चयन प्रारंभिक परीक्षा, मुख्य परीक्षा आ व्यक्तित्व परीक्षण के माध्यम से कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]