[the_ad_group id="30365"]

स्मृति मंधाना के वनडे में तीन हजार रन भइल पूरा, तुड़ली पूर्व कप्तान मिताली राज के ई रिकॉर्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय महिला क्रिकेट टीम इंग्लैंड के खिलाफ तीन वनडे मैच के सीरीज खेल रहल बा। बुध (21 सितंबर) के सीरीज के दूसरे मुकाबले में भारत के स्टार ओपनर बल्लेबाज स्मृति मंधाना एगो खास रिकॉर्ड अपने नाम कइली। ऊ महिला वनडे में सबसे तेज तीन हजार रन बनावे वाली भारतीय खिलाड़ी बन गइल। उ पूर्व कप्तान मिताली राज के रिकॉर्ड तूड़ली।

सीरीज के पहिले मैच में 91 रन के पारी खेले वाली मंधाना दूसरे वनडे में 51 गेंद पर 40 रन बनवली। उ अपने पारी में चार चौका अउरी एक छक्का लगवली। मंधाना वनडे में तीन हजार रन पूरा करे वाली भारत के तिसरा बल्लेबाज हई। उनसे पहिले मिताली अउर मौजूदा कप्तान हरमनप्रीत कौर अइसन कs चुकल बाड़ी।

मंधाना करियर के 76वीं पारी में तीन हजार के आंकड़ा पार कइली। मिताली एकरे खातिर 88 पारी खेलली। ओवरऑल रिकॉर्ड के बात कइल जाव त ऊ दुनिया में तीसरा स्थान पर बाड़ी। उनसे आगे ऑस्ट्रेलिया के पूर्व कप्तान बेलिंडा क्लार्क (62) अउरी मेग लेनिंग (64) हई।

दूसरे वनडे में इंग्लैंड के कप्तान एमी जोन्स टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलस। भारत के शुरुआत निम्मन नाइ रहल। दूसरके ओवर में शेफाली वर्मा आउट हो गइलीं। उ सात गेंद पर दू चौका के मदद से आठ रन बनवली। शेफाली के केट क्रॉस क्लीन बोल्ड कs दिहली। मंधाना यास्तिका भाटिया के संगे मिल के दुसरा विकेट खातिर 54 रन के साझेदारी कइली। यास्तिका 34 गेंद पर 26 रन बना के चारलोट डीन के गेंद पर ओनही के कैच थमा बइठली। 20वें ओवर के पहिला गेंद पर मंधाना भी पवेलियन लौट गइलीं। उनके सोफी एक्लेस्टोन एलबीडब्ल्यू कs देहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]