Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारतीय महिला क्रिकेट टीम के पहिला एकदिवसीय मुकाबला में इंग्लैंड प धमाकेदार जीत, 7 विकेट से हरवलस, स्मृति मंधाना के सानदार अर्ध

पहिले बल्लेबाजी करत महिला इंग्लैंड टीम निर्धारित 50 ओवरन में 7 विकेट के नुकसान प 227 रन बना सकल। जवाब में महिला भारतीय टीम 44.2 ओवर में 3 विकेट के नुकसान पs 232 रन बना के मैच जीत लेलस। भारत खातिर स्मृति मंधाना 91, यास्त्तिका भाटिया 50 आ हरमनप्रीत कौर नाबाद 74 रन बनवली। 

950

भारतीय महिला टीम इंगलेंड के खिलाफ एकदिवसीय सीरीज के पहिला मैच में बेहतरीन प्रदर्शन करत इंग्लैंड के 7 विकेट से हरा देलस। भारत के टीम 228 रन के लक्ष्य के पीछा करत 44.2 ओवर में 232 रन बना के हासिल क लेलस। भारतीय टीम के ओपनर स्मृति मंधाना के शानदार 91 रन, यास्त्तिका भाटिया के 50 आ कप्तान हरमनप्रीत कौर के नाबाद 74 रन लक्ष्य प्राप्ति खातिर मददगार साबित भइल।

टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत इंग्लैंड के टीम निर्धारित 50 ओवर में 7 विकेट से 227 रन बनवलस। डेनियल वाट के 43 रन, डेविडसन रिचर्ड्स के 50 रन आ एस्क्लेस्टन के 31 रन के मदद से भारत के सोझा 228 रन के लक्ष्य देलस। भारत के तरफ से मेघना सिंह सबसे बेसी 4 विकेट आ झूलन गोस्वामी के 1 विकेट मिलल।

जवाब में भारतीय टीम के बहुते जल्दी झटका लागल जब शैफाली वर्मा 1 रन बना के आउट हो गइली। स्मृति मंधाना 99 गेना में 10 चौका आ 1 छक्का के मदद से 91 रन बना के आउट भइली। यास्त्तिका भाटिया 47 गेना में 50 रन बनवली। कप्तान हरमनप्रीत कौर नाबाद 74 आ हरलीन देओल 6 रन बना के नाबाद रहल लो। भारत के टीम 44.2 ओवर में 3 विकेट के नुकसान प लक्ष्य हासिल क लेलस। इंग्लैंड के तरफ से केट क्रॉस के 2 विकेट आ डीन के 1 विकेट मिलल। स्मृति मंधाना के प्लेयर ऑफ़ द मैच से नवाजल गइल।

यस्तिका भाटिया सानदार 50 रन बनवली

 

 

334310cookie-checkभारतीय महिला क्रिकेट टीम के पहिला एकदिवसीय मुकाबला में इंग्लैंड प धमाकेदार जीत, 7 विकेट से हरवलस, स्मृति मंधाना के सानदार अर्ध

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.