[the_ad_group id="30365"]

नागपुर में नाइ जीत मिलल त ऑस्ट्रेलिया से हारे के पड़ी सीरीज, जानीं संभावित प्लेइंग-11

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ तीन मैच के सीरीज में बनल रहे के खातिर शुक्र के दूसरे टी-20 मैच में नागपुर के विदर्भ क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम में उतरी। टीम इंडिया के मोहाली में पहिले टी20 मैच में हार मिलल रहे। अगर ऊ इहां भी हार जाsतिया त सीरीज गंवा देई। भारत खातिर राहत के खबर ई बा कि स्टार तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के वापसी एह मैच में तय मानल जा रहल बा। सूर्यकुमार यादव मैच से एक दिन पहिले प्रेस कांफ्रेंस में कहले रहने कि ई एकदम फिट बानें अउरी खेले खातिर तैयार बानें।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सीरीज खातिर बुमराह के टीम में चुनल गइल लेकिन टीम प्रबंधन उनके मोहाली में पहिले मैच में अंतिम एकादश में नाइ रखलस। एहसे ई आशंका पैदा हो गइल कि का ऊ अभिन एकदम फिट बानें कि नाइ। भारतीय टीम पs ऑस्ट्रेलिया से लगातार दूसरा घरेलू सीरीज गंववलें के खतरा बा। ऑस्ट्रेलिया 2019 में विशाखापट्टनम अउरी बेंगलुरु में भइल दू मैचन के सीरीज के 2-0 से जीतले रहे।

नागपुर में गेंदबाजन के भुमिका अहम

विदर्भ क्रिकेट संघ स्टेडियम के विकेट मोहाली से हालांकि अलग होई। विकेट के धीरा होखले के संभावना बा अउर अइसन में गेंदबाजन के भूमिका ढ़ेर महत्वपूर्ण बन जाला। साँझ के ओस के प्रभाव के देखत कौनो भी टीम लक्ष्य के पीछा कईल बेहतर समझी।

दूनों टीमन के संभावित प्लेइंग-11

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, हार्दिक पांड्या, दिनेश कार्तिक (विकेटकीपर), अक्षर पटेल, हर्षल पटेल, भुवनेश्वर कुमार, जसप्रीत बुमराह अउरी युजवेंद्र चहल।

ऑस्ट्रेलिया: एरॉन फिंच (कप्तान), कैमरून ग्रीन, स्टीव स्मिथ, ग्लेन मैक्सवेल, टिम डेविड, जोश इंगलिस, मैथ्यू वेड (विकेटकीपर), पैट कमिंस,नाथन एलिस, एडम जम्पा, जोश हेजलवुड

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]