[the_ad_group id="30365"]

ताना-बाना से बुनकर खींच रहल बानें जीवन के पतवार, मुनाफा कमइले के संगे दे रहल बाड़ें रोजगार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ताना-बाना से गोरखपुर के कई बुनकर जीवन के पतवार खींच रहल बानें। कोरोना के दौरान बदहाली झेल रहल बुनकरन के स्थिति सरकार के प्रयास से तनी बेहतर भइल बा। सरकारी स्कूल में पैंट के कपड़ा के जरूरत पूरा करे खातिर इहां के बुनकर ताना-बाना के रफ्तार तेज हो गइल बा। स्थिति ई बा कि कई गो पावरलूम संचालक रोजाना एक हजार मीटर ले कपड़ा बुनल शुरू क देहले बाड़े। एह हालात के बावजूद बुनकर अबहियो बहुते बदलाव के इंतजार करत बाड़े.

फिलहाल राज्य के सरकारी स्कूल में छात्र के स्कूल ड्रेस गुलाबी रंग के शर्ट अउरी गहिराह भूरा रंग के पैंट बा। महाराष्ट्र के भिवांडी आ उत्तर प्रदेश के अंबेडकर नगर जिला के टांडा इलाका से राज्य भर में शर्ट के कपड़ा के आपूर्ति कइल जाला बाकिर पैंट के कपड़ा के जरूरत गोरखपुर के कपड़ा आ पावरलूम लघु उद्योगन से पूरा कइल जाला।

स्कूल के माध्यम से जब ले कपड़ा के सप्लाई रहे तब ले इहां के बुनकर के हालत बहुत निमन रहे, लेकिन कोरोना काल में ओ लोग के हालत बिगड़ गईल रहे। अब धीरे-धीरे ओह लोग के हालत में सुधार भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]