[the_ad_group id="30365"]

गौतम अडाणी दुनिया के तिसरा नंबर के रईस बनलें, बर्नार्ड अर्नाल्ट के छोड़लें पीछे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय उद्योगपति गौतम अडाणी दुनिया के तीसरे नंबर के रईस बन गइल बानें। एकरे संगही ऊ आपन नया रिकॉर्ड रच दिहलें बानें। उ लुई वुइटन (Louis Vuitton) के प्रमुख बर्नार्ड अर्नाल्ट के पीछे छोड़ देहलें बानें।

विश्व के धनपतियन के सूची में ई स्थान पावे वाले अदाणी पहिले भारतीय अउरी पहिला एशियाई हवें। ब्लूमबर्ग इंडेक्स के अनुसार अब अडाणी के आगे अमेरिका के शीर्ष उद्योगपति अउरी टेस्ला के सीईओ एलन मस्क अउरी अमेजन के प्रमुख जेफ बेजोस बानें। अडाणी अब ले भारत के संगे एशिया के भी सबसे बड़ रईस रहलें। अब उ दुनिया के तीसरे सबसे बड़ रईस के खिताब हासिल कs लिहलें बानें।

ब्लूमबर्ग के अरबपति सूचकांक के अनुसार 60 साल के गौतम अडाणी के नेटवर्थ (कुल संपत्ति) 137.4 अरब डॉलर बा। टेस्ला के प्रमुख अउरी दुनिया के सबसे धनी एलन मस्क के नेटवर्थ 251 अरब डॉलर बा, जबकि, अमेजन के संस्थापक अउरी सीईओ जेफ बेजोस के 153 अरब डॉलर बा।

बर्नार्ड अर्नाल्ट एलवीएमएच मोएट हेनेसी लुई वुइटन, जेके आमतौर पs LVMH के रूप में जानल जाला, के सह संस्थापक हवें। एलवीएमएच लक्जरी फैशन के दुनिया के विश्व के अग्रणी नाम ह। अडाणी धनपतियन के दौड़ में देश के मुकेश अंबानी से आगे निकल गइल बानें ब्लूमबर्ग की रिपोर्ट के अनुसार अंबानी अउरी चीन के जैक मा एशिया के दू दुसरका बड़ रईस हवें, लेकिन ऊ अडाणी के तरह ई मुकाम हासिल नाइ कs पवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]