[the_ad_group id="30365"]

RBI लगा दिहलस नया नियम, मोबाइल पेमेंट वाला लोग धेयान देवे, फ्लिपकार्ट, अमेज़न से ले के सगरी ऑनलाइन पेमेंट पर नियम लागू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में डिजिटल पेमेंट पूरा विश्व भर में सबसे ज्यादा तेजी से आगे बढ़ल बा अउरी एकर उपयोग आज अमूमन हर आम आदमी के जरिए कइल जा रहल बा। एही बीच भारत के रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया अइसन प्लेटफॉर्म खातिर नया रेगुलेशन जारी कइले बा जेकरे वजह से एह सगरी फिनटेक कंपनियन में हड़कंप मच गइल बा।

अधिकांश मोबाइल एप पेमेंट कंपनी सब करे ने सब ई काम

अक्सर रउआ मोबाइल पेमेंट एप में छोट-छोट लोन के ऑफर देखत होखब। By Now Pay Later जइसन कई विकल्प अक्सर अइसे मोबाइल ऐप में देखावल जाला अउरी सथही साथ एकरे सहारे ई-कॉमर्स पर भी लोग से जम के खरीदारी करवावल जाला। ई मोबाइल पेमेंट ह, कई अलग-अलग मर्चेंट के संगे टाइप करके लोग के छोटे-छोटे लोन मुहैया करा के उनके सपना के पूरा करावे वाले EMI के बात करेने।

एक बेर लोन ले लिहलीं, फिर शुरू हो जाला खेल.

अइसन मोबाइल ऐप आधारित छोट लोन लेहले में त नगदे आसान दिखsला लेकिन लेहले के बाद ओपर बिना नियम के प्रोसेसिंग चार्ज, सही समय पर लोन न जमा कइले पर वित्त हताशा जुर्माना अउरी लोग के मानसिक प्रताड़ना अलग से देवे लें।

आरबीआई लगा दिहलें बा नया नियम

आरबीआई ग्राहकन के डाटा के बिना उनके मर्जी के ना ही इस्तेमाल कइले के इजाजत दिहले बा अउरी न ही BY NOW PAY LATER जइसन स्कीम के आड़ में ग्राहकन के परेशान कर सकिहें। आरबीआई सीधा कहले बा कि प्रोसेसिंग शुल्क, आगे से ई जब ले पारदर्शी नाइ होई, ए सभन पs से प्रतिबंध नाइ हटी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]