[the_ad_group id="30365"]

स्लोवाकिया के प्रधानमंत्री खतरा से बाहर, 3:30 घंटे चलल सर्जरी : डिप्टी पीएम बोललें- हमलावर पांच गोली चलवले सs, एगो पेट में लागल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूरोपीय देस स्लोवाकिया के प्रधानमंत्री रॉबर्ट फिको (56) पs बुध (15 मई) के 71 साल के हमलावर जानलेवा हमला कइलस। हमलावर ओकरा पs पांच गोली दगलस, जेमे से एगो गोली उनका पेट में लागल। पीएम के तुरंत अस्पताल ले जाइल गइल। जहां साढ़े तीन घंटा तक उनकर सर्जरी चली।

स्लोवाकिया के डिप्टी पीएम थॉमस तराबा बतवलें कि फिको के ऑपरेशन हो गइल बा आ हमरा उम्मीद बा कि ऊ एह हमला से उबर जइहें। फिलहाल उनकर जिनगी खतरा से बाहर बा। गृहमंत्री माटुस सुताज एस्टोक कहलें कि ई हमला राजनीति से प्रेरित बा। देस में भइल प्रेसिडेंशियल इलेक्शन के बादे हमलावर ई हमला करे के फैसला कइले रहे।

ई हमला तब भइल जब प्रधानमंत्री हैंडलोवा शहर में एगो सांस्कृतिक हॉल के बाहर भाषण देत रहलें। पुलिस हमलावर के पकड़ लेले बिया आ ओकरा से पूछताछ जारी बा। स्लोवाकिया के राष्ट्रपति जुजाना कैपुतोवा हमला के निंदा इलें। ऊ एकरा के क्रूर बतवलें आ प्रधानमंत्री फिको के जल्दी ठीक होखे के कामना कइलें।

राजधानी से 180 किलोमीटर दूर भइल हमला

हमला हैंडलोवा शहर में भइल, जवन राजधानी ब्रातिस्लावा से लगभग 180 किलोमीटर दूर बा। यूरोपियन कमीशन के चीफ हमला के निंदा कइले बाड़ें। ऊ एगो पोस्ट में लिखलें कि अइसन हिंसा खातिर हमनी के समाज में कवनो जगह नइखे। अइसन हमला लोकतंत्र में हमनी (सरकार) के भलाई के कमजोर करत बा।

स्लोवाकिया में 30 सितंबर 2023 के संसदीय चुनाव में फिको ने जीत हासिल कइले रहलें। एकरा बाद ऊ विवादन में रहे लागल रहलें। पहिले ऊ यूक्रेन के सैन्य सहायता देला पs रोक लगा देले रहस। फेर सरकारी टी वी चैनल Rtvs पs रोक लगा देले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]