[the_ad_group id="30365"]

फ्रांस में अचानक काहें लगावे के पड़ल आपातकाल, न्यू कैलेडेनिया के एह मांग से उड़ल राष्ट्रपति इमैनुअल मैक्रों के होश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फ्रांस सरकार बुध के दिने न्यू कैलेडोनिया में कम से कम बारह दिन खातिर आपातकाल के एलान कइलस. एकरा से पूरा देश में हलचल मच गईल बा। एह कदम के पीछे फ्रांस सरकार के मकसद बा कि प्रशांत क्षेत्र में चलत विरोध प्रदर्शन पs नियंत्रण राखे खातिर पुलिस के अउरी अधिकार दिहल जाव. बता दीं कि न्यू कैलेडोनिया में चलत हिंसक विरोध प्रदर्शन में अबहीं ले 4 लोग के मउत हो चुकल बा. फ्रांस सरकार के प्रवक्ता प्रिस्का थेवेनोट बुध के दुपहरिया में पेरिस में मंत्रिमंडल के बइठक के बाद आपातकाल लगावे के फैसला के एलान कइली. फ्रांस के मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक सोमार से अब ले 130 लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा अवुरी 300 से जादे लोग घाही हो चुकल बाड़े।

फ्रांस के मतदाता सूची बढ़ावे के कोशिश के खिलाफ सोमार के दिने न्यू कैलेडोनिया में विरोध प्रदर्शन शुरू हो गइल. न्यू कैलेडोनिया दीप सभ पs दशकन से आजादी चाहत मूल कनकों लोग आ फ्रांस के हिस्सा बनल रहल चाहत लोग के बीच तनाव बा। फ्रांस के गृह मंत्रालय मंगल के दिने पुलिस के न्यू कैलेडोनिया भेज दिहलस जवन बहुते दिन से जेल के रूप में इस्तेमाल होखत रहुवे. राजधानी नोमिया आ ओकरा आसपास कर्फ्यू आ जमघट पर रोक लगावे के बावजूद पुलिस आ प्रदर्शनकारी के बीच झड़प भइल बा.

न्यू कैलेडोनिया के हालात पs राष्ट्रपति के बइठक

आपातकाल लगावे से पहिले फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों शीर्ष मंत्रियन से भेंट कइलन आ फ्रांस के प्रशांत इलाका न्यू कैलेडोनिया के मौजूदा हालात पs चरचा कइलन. न्यू कैलेडोनिया के मांग सुन के मैक्रों ले चौंक गईले। अयीसना में स्थिति के काबू में ले आवे खातीर इमरजेंसी लगावल गईल। विशेष रक्षा आ सुरक्षा परिषद के बइठक में आमतौर पs मैक्रों आ चुनल अधिकारी शामिल होलें जिनहन में प्रधानमंत्री गेब्रियल अटाल आ रक्षा, आंतरिक, अर्थव्यवस्था आ विदेश मंत्री लोग शामिल बा। संवैधानिक सुधार के लेके भईल हिंसा के बीच बुध के इहाँ एगो आदमी के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। न्यू कैलेडोनिया में आजादी के मांग बहुत दिन से बढ़ रहल बा

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]