[the_ad_group id="30365"]

खाद कारखाना परिसर में बनी कौशल विकास केंद्र, सरकार देहलस 20 एकड़ जमीन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खाद कारखाना परिसर में कौशल विकास केंद्र बनी, जेमें युवा लोग के खाद कारखाना के विभिन्न ट्रेड में काम करे खातिर प्रशिक्षित कइल जाई। इहां प्रशिक्षित युवा लोग के गोरखपुर अउर दूसर स्थान पs स्थापित खाद कारखाना में नौकरी मिल सकी। राज्य सरकार एकरे खातिर खाद कारखाना परिसर में 20 एकड़ जमीन दे दिहले बा। एकर संचालन ‘सेंट्रल इंस्टीट्यूट ऑफ पेट्रोकेमिकल्स इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी'(सीपेट) के द्वारा कइल जाई।

उहवें, हिंदुस्तान उर्वरक एवं रसायन लिमिटेड (एचयूआरएल) करीब 47.09 करोड़ के कारपोरेट एनवायरमेंट रिस्पांसिबिलिटी (सीईआर) फंड से कई काम कराई। बुध के कमिश्नर रवि कुमार एनजी हिंदुस्तान उर्वरक एवं रसायन लिमिटेड के सभागार में बइठक कइलें। एह बैठक में हिंदुस्तान उर्वरक अउर रसायन लिमिटेड के द्वारा सीईआर फंड के तहत 47.09 करोड़ के कई काम योजना के प्रगति के समीक्षा कइलें।

एह दौरान कमिश्नर बतवलें कि परिसर में प्रस्तावित कौशल विकास केंद्र के स्थापना खातिर सरकार के ओर से 20 एकड़ भूमि देहल गइल बा। साथही गोरखपुर निवासियन के कल्याण के काम खातिर एचयूआरएल साल 2023-24 खातिर करीब 85 करोड़ रुपया के लक्ष्य कई सीईआर गतिविधियन पर खातिर प्रस्तावित बा। एह दौरान दूसरो मुद्दा पर विस्तृत चर्चा कइल गइल।

एहमें मुख्य रूप से संस्था अउर परिसर में आवागमन खातिर वैकल्पिक मार्ग, परिसर में स्थित संस्था अधीन आवासीय परिसर के सशस्त्र सीमा सुरक्षा बल के उपयोग कइल जा रहल भवन के खाली करवले के संबंध में चर्चा भइल। कमिश्नर संबंधित अधिकारियन के एह संबंध में दिशा निर्देशो दिहलें।

बइठक में डीएम कृष्णा करूणेश, उपाध्यक्ष जीडीए महेंद्र सिंह तंवर, मुख्य विकास अधिकारी संजय कुमार मीणा, एसडीएम सदर नेहा बंधु के संगे संस्था ‘हिंदुस्तान उर्वरक एवं रसायन लिमिटेड’ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष वीके दीक्षित महाप्रबंधक सीएसआर संजय चावला, मुख्य महाप्रबंधक सुबोध दीक्षित, टाटा कंसल्टिंग इंजीनियर्स लिमिटेड के मनमोहन वी सोमन अउर दूसर कई अधिकारी लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]