[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर एयरपोर्ट होई हाईटेक:फ्लाइट लेट चाहे कैंसिल होखले से पहिलहीं मिल जाई मैसेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर एयरपोर्ट अब हाईटेक हो रहल बा। अचानक फ्लाइट कैंसिल होखले के सूचना पs अब एयरपोर्ट पहुंचल पैसेंजर्स हंगामा नाइ क सकेने अउर न ही उनके परेशान होखे के पड़ी। काहेसेकि अगर, कौनो वजह से अब फ्लाइट लेट होतिया, चाहे कैंसिल होतिया त एकर सूचना या​त्रियन के पहिलहीं मैसेज के जरिए मिल जाई।
एकरे खातिर एयरपोर्ट अथॉरिटी नया पहल कइले बा। सथहीं एह सुविधा ख़ातिर एयरपोर्ट पर अलग से कर्मचारियन के डयूटियो लगावल गइल बा। ताकि, या​त्रियन के कौनो तरह के दिक्कत के सामना न करे के पड़े।

एयरपोर्ट पर नाइ लागी ठंडी

एयरपोर्ट डाएरेक्टर एके द्विवेदी बतवलें कि सबसे पहिले त एयरपोर्ट के वेटिंग लाउंज में पैसेंजर्स के बकायदा बइठले के इंतजाम कइल गइल बा। उहवें, लांउज के बाहरो ठंड से बचाव खातिर हीटर लगवावल जा रहल बा। ताकि बाहर ठाढ़ लोग के भी ठंड से राहत मिल सके।

बने लागल नयका टर्मिनल

अभिन एयरपोर्ट के वेटिंग लाउंज में केवल 200 पैसेंजर्स के बइठे के व्यवस्था बा। एहसे एयरपोर्ट पर नगदे परेशानी होला। एके देखत एयरपोर्ट पर 11 करोड़ रुपया के लागत से दूसरा नया टर्मिनल भवन बन रहल बा।

उम्मीद बा दिसंबर के आखिरी तक नयका टर्मिनल भवन के निर्माण पूरा हो जाई। नयका टर्मिनल में एक संगे 500 पैसेंजर्स के बइठे के इंतजाम होई। नयका टर्मिनल में एस्केलटर यानी स्वचलित सीढ़ी, टिकट काउंटर, चेकिंग काउंटर, कैफेटेरिया, कॉफी शॉप, छोट-छोट अन्य शॉप के साथ एटीएम लगावल जाई।

अभिन गोरखपुर से रोजाना 11 फ्लाइट

फिलहाल अभिन गोरखपुर से मुंबई, हैदराबाद, दिल्ली, प्रयागराज, लखनऊ अउर कोलकाता खातिर 11 फ्लाइट टेक ऑफ करsतिया। एहमें सबसे अधिक 4 फ्लाइट दिल्ली खातिर टेक ऑफ करतिया।

गोरखपुर से फ्लाइट शेड्यूल

फ्लाइट एयरलाइंस टाइम
गोरखपुर से मुम्बई स्पाइस जेट 10:50 बजे
गोरखपुर से हैदराबाद स्पाइस जेट 1:50 बजे
गोरखपुर से दिल्ली इंडिगो 12:15 बजे
गोरखपुर से दिल्ली स्पाइस जेट 2:55 बजे
गोरखपुर से प्रयागराज इंडिगो 3:20 बजे
गोरखपुर से लखनऊ एयर लाइंस 4:00 बजे
गोरखपुर से दिल्ली इंडिगो 4:10 बजे
गोरखपुर से कोलकाता इंडिगो 5:00 बजे
गोरखपुर से मुंबई इंडिगो 5:40 बजे
गोरखपुर से कोलकाता इंडिगो 6:10 बजे
गोरखपुर से दिल्ली एयरलाइंस 6:55 बजे
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]