[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर सर्किट हाउस से नौकायन ले अउर चाकर होई सड़क, खर्च होई 1.70 करोड़ रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर सर्किट हाउस से नौकायन के ओर जाए वाला सड़क के महंत दिग्विजयनाथ पार्क के ओर दू लेन चाकर कइल जाई। एकरे अलावा पार्क से सटल करीब डेढ़ मीटर के पाथ वे बनावल जाई। सर्किट हाउस के सोझे से दूसरे ओर डायवर्जन खातिर कट बनावल जाई। 300 मीटर लंबाई में बने वाली टू लेन सड़क अउर दूसर सुविधा पs करीब 1.70 करोड़ रुपया के खर्च कइल जाई।

चौड़ीकरण के बाद सड़क के चौड़ाई करीब 17.5 मीटर हो जाई। बाया ओर के सड़क के पैदल चले खातिर आरक्षित कs दिहल जाई। पटरी व्यवसायियन के पहिले से बनल सात मीटर चाकर डिवाइडर पs जगह दीहल जाई। गाड़ी महंत दिग्विजयनाथ पार्क के लग्गे बनल पार्किंग में ठाढ़ कइल जाई।

जीडीए उपाध्यक्ष महेंद्र सिंह तंवर कहनें कि सर्किट हाउस से नौकायन तक के सड़क के पार्क के ओर दू लेन अउर चाकर कइल जा रहल बा। बाईं लेन के पैदल चले खातिर आरक्षित कइल जाई। पटरी व्यवसायियन के भी उहवें जगह दीहल जाई। एहसे जाम के समस्या से निजात मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]