[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: D.A.V PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के छठवाँ दिन ‘नशा उन्मूलन’ थीम पs आधारित

D.A.V PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के पांचवा दिन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काल्ह अतवार के डी.ए.वी.पी.जी. आ राष्ट्रीय सेवा योजना दयानंद इकाई के तत्वावधान में सात दिवसीय विशेष शिविर के छठवाँ दिन प्राचार्य प्रो शैल पाण्डेय आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में गोरखपुर के कॉलेज में ‘नशा उन्मूलन’ पs आधारित कार्यक्रम के आयोजन भइल। मुफ्तीपुर वार्ड के तेलियाना टोला के झुग्गी-झोपड़ी इलाका में सभ स्वयंसेवक अवुरी स्वयंसेविका रैली कईले। एह रैली में “जन-जन का है एक ही नारा,नशा मुक्त हो देश हमारा” जइसन नारा लगावल गइल. रैली के बाद बौद्धिक परिचर्चा के सत्र में मुख्य अतिथि के रूप में एच.आर.पी.जी.कॉलेज,खलीलाबाद,संतकबीरनगर से डॉ पुरुषोत्तम पांडेय,सी.एस.एन.पी.जी.कॉलेज,हरदोई से डॉ श्रवण कुमार गुप्त एवं महाविद्यालय से डॉ मुन्ना प्रसाद गुप्ता मुख्य अतिथि के रूप में मौजूद रहले अवुरी स्वयंसेवक अवुरी स्वयंसेवक के मनोबल के बढ़ावा देले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

एह बौद्धिक चर्चा में स्वयंसेविका राधा बतवली कि “वर्तमान युग में हमनी के सभे सोशल मीडिया के लत के चपेट में बानी जा इs नशा हमनी के भविष्य के पकड़ लेले बा।” एही क्रम में स्वयंसेविका उजाला बतवली कि “उनुका अनुभव भइल बा कि हमनी के बीच के जवान भाई-बहिन अपना माई-बाबूजी आ बड़का लोग से लुका के नशा के आपन साथी बना के आपन भविष्य बरबाद करत बाड़े.” एह मौका पर डॉ. पुरुषोत्तम पाण्डेय सगरी स्वयंसेवकन के प्रेरित करत बतवले कि “ओह लोग के अपना पड़ोस आ अपना परिवार के साथे एह नशा के चपेट से बचावे के पड़ेला.” एही क्रम में डॉ श्रवण कुमार गुप्ता के ओर से सभके सलाह दिहल गईल कि “जदी सभ स्वयंसेवक कवनो प्रण लेतारे कि उs लोग अपना के कबहूँ एs नशा के शिकार ना होखे दिहे तs एs बौद्धिक चर्चा के मकसद जरूर सफल होई, काहेंकी नशा के लत सिर्फ एगो व्यक्ति खातीर ना बालुक परिवार, समाज अवुरी पूरा देश खातीर घातक हो जाला।” प्राचार्य प्रो शैल पाण्डेय सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका के आशीर्वाद देत बतवले कि “आज के युवा पीढ़ी भारत के भविष्य तय करी एहसे हर बुराई से दूर रहत अपना ऊर्जा के सदुपयोग करे के पड़ी।”

कार्यक्रम के संचालन आ धन्यवाद ज्ञापन श्रीमती प्रतिभा गुप्ता द्वारा कइल गइल। अनूप, सुमित, रवि, सुमेर आ रिया समेत सगरी स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका के एह कार्यक्रम से मार्गदर्शन आ प्रोत्साहन मिलल. कार्यक्रम के बाद सभे प्रधानाध्यापक आ कार्यक्रम अधिकारी के नेतृत्व में कैम्प फायर के आयोजन कईले अवुरी सांस्कृतिक कार्यक्रम के माध्यम से आपन विभिन्न प्रतिभा के प्रदर्शन कईले।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]