सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 13, 2025

डेढ़ महीना हो गइल नया साल के अइले. एह दौरान लोग अक्सर आपन जीवन में सुधार आ स्वस्थ जीवनशैली अपनावे के संकल्प लिहले।  हालांकि व्यस्त जीवनशैली अवुरी काम के कार्यक्रम के चलते बहुत लोग एकरा

Share

सबेरे-सबेरे: योगा

डेढ़ महीना हो गइल नया साल के अइले. एह दौरान लोग अक्सर आपन जीवन में सुधार आ स्वस्थ जीवनशैली अपनावे के संकल्प लिहले।  हालांकि व्यस्त जीवनशैली अवुरी काम के कार्यक्रम के चलते बहुत लोग एकरा के पूरा नईखे कs पावत।  अगर आप भी स्वस्थ अवुरी खुशहाल जीवन चाहतानी, बाकिर जिम जाए चाहे लंबा वर्कआउट करे खातीर समय निकालल मुश्किल बा, तs योग से आपके समस्या के समाधान हो सकता। अगर रउरा चाहत बानी तs एक महीना में अपना स्वास्थ्य से जुड़ल बहुत समस्या से उबर सकेनी। तs आई जानल जाव ई तीनगो योग आसन जवना से एक महीना के भीतर रउरा फिट हो जाएब.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

कटि आसन (Waist Pose)


शरीर के अतिरिक्त चर्बी के कम करे अवुरी कमर के लचीला बनावे में कटि आसन मददगार होखेला।दुनो गोड़ के फैला के खड़ा करीं, हाथ के बारी-बारी से दाहिना आ बाईं ओर घुमाईं।इs आसन कमर अवुरी पेट के चर्बी कम करेला अवुरी मांसपेशी के लचीला बनावेला।

वृक्षासन (Tree Pose)

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी


वृक्षासन शरीर के संतुलन अवुरी एकाग्रता के क्षमता बढ़ावे में मदद करेला।
एक गोड़ उठा के दूसरा घुटना के पास रखीं आ नमस्कार मुद्रा बनाईं। इs आसन गोड़ के मांसपेशी के मजबूत करेला अवुरी शरीर के स्थिरता देवेला।

कोणासन (Angle Pose)


कोणासन पेट अवुरी कमर के चर्बी कम करे के संगे लचीलापन बढ़ावे के काम करेला।दुनो गोड़ पसार के खड़ा रहीं, उल्टा हाथ के सीधा गोड़ के ओर मोड़ दीं।  दूसरा ओर भी इहे प्रक्रिया दोहराईं। एह आसन से कमर पतला हो जाला आ पेट के फालतू चर्बी कम हो जाला।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.