[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: D.A.V PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के छठवाँ दिन

Gorakhpur: D.A.V PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के छठवाँ दिन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज सोमवार के डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में सप्त दिवसीय विशेष शिविर के सातवां दिन सभ स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग अलग-अलग समूह बना के तेलियाना टोला, मुफ्तीपुर वार्ड के मलिन बस्ती में जाके आर्थिक आ सामाजिक सर्वेक्षण कइले लोग।

एह सर्वेक्षण में उs आयु,लिंग,व्यवसाय,शैक्षिक स्तर इत्यादि के आधार पs लोग के सामाजिक आ आर्थिक जीवन के जाने के प्रयास कइले। कार्यक्रम के समापन समारोह में राष्ट्रीय सेवा योजना,दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय,गोरखपुर के कार्यक्रम समन्वयक डॉ सत्यपाल सिंह आ एम.जी.पी.जी.कॉलेज,गोरखपुर के प्रो नमिता कुमार,प्राणी विज्ञान विभाग हमनी के बीच मुख्य अतिथि के रूप में उपस्थित रहली.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

डॉ सत्यपाल सिंह सभे स्वयंसेवक के राष्ट्रीय सेवा योजना के विभिन्न आयाम से परिचित करवले अवुरी सभके बतवले कि कइसे उs लोग, एगो युवा के रूप में, माई भारत पोर्टलउss रजिस्ट्रेशन करा सकतारे अवुरी एगो सजग स्वयंसेवक के रूप में काम कs सकतारे। एही क्रम में प्रो नमिता कुमार कहली कि राष्ट्रीय सेवा योजना जईसन गतिविधि छात्र के समग्र व्यक्तित्व के विकास में महत्वपूर्ण भूमिका निभावेला, जवना से छात्र के चेतना के विस्तार होखेला कि उs लोग अपना विकास के संगे समाज के प्रति आपन जिम्मेदारी के निर्वहन कईसे कs सकतारे। एह अवसर पs राष्ट्रीय सेवा योजना द्वारा सत्र 2024-25 में आयोजित विभिन्न प्रतियोगिता के विजेता लोग के मुख्य अतिथि द्वारा कमल के फूल से सम्मानित कइल गइल। कार्यक्रम के संचालन कार्यक्रम पदाधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता आ प्राचार्य प्रो शैल पाण्डेय धन्यवाद ज्ञापन के दौरान सभे स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका के आशीर्वाद देके कार्यक्रम के समापन के घोषणा कईले। एह मौका पs अनूप,मरियम, रामनरेश,ईशा,नाजिया आ नीतू समेत सगरी स्वयंसेवकन के मार्गदर्शन आ प्रोत्साहन दिहल गइल.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]