Gorakhpur: लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक द्वारा आयोजित होई लैम्प्स फिएस्टा सीजन 11

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2025

गोरखपुर : लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक अइसन संस्था हs जेकरा में कला से जुड़ल कई विधा पs शिक्षा दिहल जाला. इs प्रयाग संगीत समिति से संबंधित एगो संस्था हs. एह संस्था में कला के कई

Share

लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक

गोरखपुर : लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक अइसन संस्था हs जेकरा में कला से जुड़ल कई विधा पs शिक्षा दिहल जाला. इs प्रयाग संगीत समिति से संबंधित एगो संस्था हs. एह संस्था में कला के कई विधा जइसे गायन ,नृत्य ,वाद्य से जुड़ल लइका-लइकी के प्रशिक्षण दिहल जाला। प्रशिक्षण के साथे इs संस्था मंच प्रदान करेला जेमे उs आपन प्रतिभा के प्रदर्शन कs सके। इs संस्था संकट मोचा हनुमान मंदिर के लगे तारामंडल में बा.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

लैम्प्स फिएस्टा वार्षिक कार्यक्रम

एही क्रम में लैम्प्स फिएस्टा नाव के वार्षिक कार्यक्रम के आयोजन 28 फरवरी के कइल जाता जेमें करीब 24 प्रतिभागी जेकर ऑडिशन के माध्यम से चयन कइल गइल बा. उs आपन प्रतिभा के प्रदर्शन करिहें.
एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि डॉ मंगलेश श्रीवास्तव,पूर्व मेयर सत्या पाण्डेय,पुष्पदंत जैन, चारू चौधरी,महामंडलेश्वर ,कुमार आनंद डी जी एम (एसबीआई) आ नंदू मिश्रा बाड़े. एह कार्यक्रम के समय सांझ 4 बजे बुद्ध संग्रहालय सभागार में होई.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.