[the_ad_group id="30365"]

कॉफी मशीन फटले से दुकानदार समेत 6 लोग घाही, लइकन के हालत नाजुक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अलीगढ़ के कोतवाली नगर क्षेत्र के घास के मंडी इलाका में सुक्क के कॉफी मशीन फटले से दुकान संचालक अउर उनकर 12 साल के भतीजा अउर दुकान पर ठाढ़ चार गहकी घाही हो गइलें। घायलन के उपचार के जेएन मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा। एहमें 12 साल के लइका के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। हादसा के जानकारी पर मेयर मोहम्मद फुरकान के अलावा कोतवाली नगर पुलिस पहुंच गइल।

घास के मंडी निवासी आसिफ के चंदन शहीद रोड चाय- कॉफी के दुकान बा। सर्दी के चलते दुकान पs चाय- कॉफी पीए वाले गहकी लोग के भीड़ लाग रहल। तब्बे अचानक कॉफी मशीन जोरदार धमाका के संगे फट गइल।। एकर चपेट में आ के दुकानदार आसिफ, उनकर भतीजा 12 वर्षीय सिराज पुत्र मो. शाकिर के अलावा कॉफी पीयत रहलें। गहकी आकिब निवासी जयगंज, सासनीगेट, फुरकान निवासी घास के मंडी, अफ्फान निवासी सासनीगेट समेत 6 लोग घाही हो गइलें।

हादसा के बाद इलाका में अफरातफरी मच गइल। आसपास के दुकानदार अउर राहगीर घायलन के ले के पहिले जिला अस्पताल पहुंचनें। जहां से सब के जेएन मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहलें। देर रात ले सब के हालत गंभीर बनल रहल। एहमें 12 बरिस के लइका के हालत नाजुक बतावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]