Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के रक्सौल में उद्घाटन के घरी ईंट भट्ठा में विस्फोट, 8 लोग के मौत, 15 लोग घाही

309

बिहार के पूर्वी चंपारण जिला में रक्सौल अंतर्गत रामगढ़वा थाना क्षेत्र के नारिरगिर चौक के लग्गे सुक्क के साँझ के ईंट भट्ठा के चिमनी में अइसन जबरदस्त विस्फोट भइल कि 10 लोग मौत हो गइल। 15 लोग बाउर तरीका से जख्मी हो गइलें, जबकि 10 से ज्यादा लोग के खोजबीन चल रहल बा। मारल गइल लोग में ईंट भट्ठा के मालिक मोहम्मद इरशादो शामिल बानें।

सनीचर सुबह ले लापता के खोज जारी

एह साल चिमनी पहिला बेर फूंकल जात रहे अउर एही मौका पर उद्घाटन के समय ई विस्फोट भइल। प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार चिमनी में जरूरत से ज्यादा लकड़ी भरने से आग अउर धुआं के प्रेशर जियादा बनले से तेज धमाका भइल। उद्घाटन में जुटल गाँव वालन के भीड़ पs चिमनी टूटकर गिरल अउर एहमें दबल लोग छटपटा भी नाइ पवलें। गरम अउर भारी चिमनी के भितरी 10 लोग के मौत हो गइल।

धमाका के कारण मचल अफरातफरी के बीचही पुलिस-प्रशासन के मदद से 15 लोग के रामगढ़वा अस्पताल भेजल गइल। ओमें से गंभीर हालात वालन से रक्सौल के एसआरपी हॉस्पिटल भेजल गइल।

अफरातफरी सम्हरले के बाद 10 से जियादा लोग के लापता होखले के जानकारी सामने आइल बा। सनीचर सुबह तक लोग एक-दूसरे से इनके बारे में पूछताछ कs रहल बानें।

419390cookie-checkबिहार के रक्सौल में उद्घाटन के घरी ईंट भट्ठा में विस्फोट, 8 लोग के मौत, 15 लोग घाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.