[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में टल गइल बड़ हादसा: लइकन से भरल स्कूली वैन सड़क किनारे खाई में पलटल, छह लइके घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जिला के खुखुंदू कस्बा स्थित सरस्वती शिशु मंदिर स्कूल के समीप सोमार के बिहाने लइकन से भरल एक स्कूली वैन सड़क किनारे खाई में पलट गईल। जेमें छह लइके घाही हो गइलें। ओंने, वैन में फंसल लइकन को स्थानीय लोग शीशा तूड़ के बारी-बारी से बाहर निकालल। घटना के बाद सब लइके भयाइल बाड़ें। मौके पर पहुंचल पुलिस वैन के कब्जे में ले लिहलस।

नरौली भीखम, तेनुआ में इंग्लिश मीडियम से एगो प्राइवेट स्कूल चलsला। सोमवार के सुबह स्कूल के एगो वैन परसिया भंडारी, सुकरौली, शेरवां बभनौली, सझवार, खुखुंदू से लइकन के ले के स्कूल जात रहे। बतावल जा रहल बा कि वैन कस्बे से कटे बाईपास सड़क पर सरस्वती शिशु मंदिर स्कूल के लग्गे पहुंचल रहे कि अचानक सड़क धस गईल अउर वैन खाई में जा पलटल।

वैन में परसिया भंडारी निवासी कक्षा पांच के छात्र शिवम, सत्यम, यूकेजी के संजना, कक्षा 7 के आर्यन, अंश मिश्र, कक्षा 6 के आयुष सहित तकरीबन 17 लइके बइठल रहलें। एहमें सत्यम, आर्यन, अंश सहित छह लइकन के हल्का फुल्का चोट आईल बा। ओंने घटना के बाद अफरातफरी मचल रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]