जम्मू-कश्मीर में बड़ हादसा: पहलगाम के चंदनवाड़ी में ITBP के बस खाई में गिरल, छह जवान शहीद

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2022

जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में बड़ हादसा भइल बा। पहलगाम के चंदनवाड़ी में आईटीबी के जवान से भरल बस खाई में गिर गईल। हादसा में छह जवान शहीद हो गइलें, जबकि कई घायल भईल बानें। बचाव अउर राहत

Share

जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में बड़ हादसा भइल बा। पहलगाम के चंदनवाड़ी में आईटीबी के जवान से भरल बस खाई में गिर गईल। हादसा में छह जवान शहीद हो गइलें, जबकि कई घायल भईल बानें। बचाव अउर राहत कार्य शुरू कर देहल गइल बा। मौका पर 19 एंबुलेंस तैनात बा।

जानकारी के अनुसार, एक बस चंदनवाड़ी से पहलगाम आईटीबीपी जवानन के ले जात रहल। ब्रेक फेल होखले के वजह से बस खाई में गिर गईल। बस में 39 जवान सवार रहले। 37 जवान आईटीबीपी अउर दो जवान जम्मू कश्मीर पुलिस के रहले।

बतावल जा रहल बा कि सब जवान अमरनाथ यात्रा की ड्यूटी पर रहले। अमरनाथ यात्रा समाप्त होखला के बाद जवान लौटत रहले। एही दौरान ब्रेक फेल होखले के बाद बस नदी में गिर गईल। रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा।

पुलिस के अनुसार, अनंतनाग जिले में चंदनवाड़ी पहलगाम के पास सड़क दुर्घटना में आईटीबीपी के छह जवान शहीद हो गइलें, जबकि कई अन्य घायल हो गइलें। जिनके इलाज खातिर सेना के अस्पताल श्रीनगर ले जाइल जा रहल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.