[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: करंट के चपेट में अइला से दुकानदार के मौत, दुकान बंद करत बेरा भइल घटना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में एगो हैरान करे वाला ममिला सामने आइल बा। इहां करंट के चपेट में अइला से एगो दुकानदार के मौत हो गइल बा। बतावल जा रहल बा कि ऊ देर रात दुकान बंद कs के घरे जाए खातिर शटर नीचे कइलस, एही दौरान शटर में करंट प्रवाहित हो गइल आ ऊ एकरा चपेट में आ गइल। जवना से ओकर मौत हो गइल। मृतक के नाम मंजीत शर्मा (26) हs।

शाहपुर थाना क्षेत्र के जेल बाईपास रोड स्थित बॉस मंडी के लगे मंजीत बिरयानी के दुकान चलावत रहे अतवार के रात जब सभे कर्मचारी निकल गइले तs मंजीत दुकान बंद कs के घरे जाए के तइयारी करत रहे। एही बीच ऊ शटर के नीचे करता घरी करंट के चपेट में आ गइल।

मृतक तीन भाइयन में सबसे बड़ रहे। ओकर तीन साल के एगो बेटा बा आ पत्नी गर्भवती बाड़ी। दु साल पहिले ओकर भाई फांसी लगाके जान देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]