[the_ad_group id="30365"]

हादसा होखे से बांचल: दम्माम जा रहल विमान में हाइड्रॉलिक फेल, तिरुवनंतपुरम एयरपोर्ट पs इमरजेंसी लगाई करावल गईल लैंडिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केरल के तिरुवनंतपुरम अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट पs शुक के फुल इमरजेंसी के एलान कई दिहल गईल बा। बतावल गइल बा कि कलीकट से दम्माम जा रहल एगो फ्लाइट के हाइड्रॉलिक फेल होखला के वजह से तिरुवनंतपुरम एयरपोर्ट डायवर्ट कइल गइल, जवना  के बाद एहिजा आपातकाल के एलान कई दिहल गइल।

न्यूज एजेंसी पीटीआई के मुताबिक, फ्लाइट के एयरपोर्ट पs 12.15 बजे लैंड करा लिहल गइल। सूत्रन के कहनाम बा कि एयर इंडिया एक्सप्रेस फ्लाइट आईएक्स3 385 में 182  गो यात्री सवार रहले । कलीकट से टेकऑफ के दउरान विमान के पिछिला भाग रनवे से टकरा गईल । एकरा बाद आनन-फानन में पायलट के टीम फ्लाइट के ईंधन अरब सागर में डंप कई दिहले आ विमान के सुरक्षित लैंडिंग करवले। एह दउरान एयरपोर्ट पs फुल इमरजेंसी लागू रहल।

एह घटना के लेके एयर इंडिया एक्सप्रेस के भी बयान आ गईल बा। एयरलाइन कंपनी  कहले बिया कि एह घटना के वजह से फंसल यात्रियन के वैकल्पिक फ्लाइट की जरिए दम्माम भेजले जाई। ई फ्लाइट तिरुवनंतपुरमे से दुपहर के 3.30 बजे उड़ान भरी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]