[the_ad_group id="30365"]

दुबई में सीवान के युवक के मौत:16 मंजिला इमारत से गिरके गइल जान, शव ले आवे के प्रयास में जुटल परिजन लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान के रहे वाला एगो मजदूर के दुबई के 16 मंजिला इमारत से गिरला के बाद मौत हो गइल बा। हालांकि घटना के बाद मृतक के परिजन ओकरा शव के अपना वतन ले आवे खातिर सरकारी दफ्तरन के चक्कर काट रहल बा लो। मृतक के पहचान जिला के मैरवा थाना क्षेत्र के परसिया बुजुर्ग निवासी सीताराम पांडेय के 28 वर्षीय पुत्र चंदन कुमार पांडेय के रूप में भइल बा। मृतक के परिजन लोग बतावल कि ऊ पिछला 2 बरिसन से दुबई के टाइगर इंटर नेशनल जेनरल कंट्रक्शन कम्पनी में मजदूरी के काम करत रहे।

चंदन के मौत 28 जनवरी के देर रात के भइल। मौत के सूचना 29 जनवरी के परिजनन के मिलल। परिजन शव के अपना वतन ले आवे के गुहार लगा रहल बा लो। घटना के संबंध में बतावल जात बा कि मृतक चंदन पांडेय के दुबई गइल दु साल हो गइल रहे। घटना के सबेरे ऊ अपना मां आ भाई से वीडियो कॉलिंग कइले रहे, ओकर नाइट शिफ्ट चलत रहे। एहिसे ऊ अपना घरे दिने में बात कs लेत रहे।

मार्च के बाद आवे वाला रहे गांव

मौत के खबर यूपी के बनकटा थाना क्षेत्र के एगो युवक परिजनन के दिहल। ऊ बतवलस कि शव के पोस्टमार्टम करा दिहल गइल बा, बाकिर शव के कब तक भारत भेजल जाई ई पता नइखे चल पा रहल। परिजन बहुते गरीब बा लो। ऊ अपना पुत्र के शव के अपना गांव मंगावे के मांग प्रसाशन से कर रहल बा लो। मृतक चार भाइयन में दूसरा नंबर के रहे। ओकर मौत होखला से गांव में मातम के माहौल कायम बा। परिजन लोग बतावल कि मृतक चंदन कुमार पांडेय मार्च महीना के बाद अपना गांवे आवे के बात अपना मां से बतवले रहे। कइयन महीनन से नाइट शिफ्ट करत रहे। मौत के घटना के बाद ओकर माँ के रो रो के बुरा हाल हो गइल बा। ओकर माँ बतवली कि ओकरा बियाह के बात चलत रहे। ऊ बोलले रहे कि बियाह ठीक हो जाई तs मार्च के बाद गांवे आ जाई।

शव के आवे के इंतजार में ग्रामीण

मृतक चंदन कुमार के मौत होखला के बाद ओकर शव भारत आवे के इंतजार ग्रामीण कर रहल बा लो। मृतक के परिजनन के दुबई से सही जानकारी नइखे मिल पा रहल। आस पास के इलाकन के लोग के लगे ग्रामीण फोन कs के शव के बारे में जानकारी ले रहल बा लो। ओहिजा दुबई में रह रहल एगो मृतक के दोस्त बतवले कि पोस्टमार्टम के प्रक्रिया अब पूरा हो गइल बा। शव के भेजे खातिर बात चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]