Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Earthquake: तुर्की में 7.8 तीव्रता के भूकंप से एक हजार से ज्यादा लोगन के मौत खबर, सैकड़न गो लोग अबहियों बाड़े फंसल

भूकंप के झटका अतना तेज रहे कि कई गो इमारतन के नुकसान पहुंचले के खबर आईल बा । संयुक्त राज्य भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण के अगर बात के मानल जाए तs भूकंप के वजह से हज़ार गो से बेसी लोगन के हताहत होखे के आशंका बा।

293

जानकारी के मुताबिक, तुर्की आ सीरिया में कम से कम 2300 लोग मारल गइल बाड़े आ करीब 5000 से जादा लोग घायल भइल बा। देश के उपराष्ट्रपति फिएट ओकटे के हवाला देत बतवले आ रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि 10 शहरन में 1,700 से बेसी इमारत क्षतिग्रस्त हो गईंल बाड़ी सs। ओहिजे, सीरिया में कम से कम 783 लोग मारल गइल बाड़े आ 639  लोग घायल हो गइले। इस्राइल आ लेबनानो में  कई गो मौतन के आशंका जतवाल जा रहल बा

टर्की में 7.8 रिएक्टर के तेजी के बड़ा विध्वंसक भूकंप आइल बा ,फोटो साभार: अमर उजाला
तुर्की आ ओकरा पड़ोसी देशन में भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल बा। नूर्दगी से 23 किलोमीटर पूरूब के ओर ई झटका महसूस कइल गइल। एकर असर सीरिया तक देखे के मिलल बा। जानकारी के मुताबिक, भूकंप के वजह से कई गो इमारत धराशायी हो गईल बाड़ी सs। रिक्टर पैमाने पs भूकंप के तीव्रता 7.8 मापल गईल बा।जनकारी के मुताबिक, तुर्की आ सीरिया में कम से कम 2300 लोग मारल गइल बाड़े आ करीब 5000 से जादा लोग घायल भइल बा। देश के उपराष्ट्रपति फिएट ओकटे के हवाला देत बतवले आ रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि 10 शहरन में 1,700 से बेसी इमारत क्षतिग्रस्त हो गईंल बाड़ी सs। ओहिजे, सीरिया में कम से कम 783 लोग मारल गइल बाड़े आ 639  लोग घायल हो गइले। इस्राइल आ लेबनानो में  कई गो मौतन के आशंका जतवाल जा रहल बा।
एह भूकंप से बहुते लोगन के हताहत होके के खबर आइल बा ,फोटो साभार:सोशल मीडिया

 

 

 

452970cookie-checkEarthquake: तुर्की में 7.8 तीव्रता के भूकंप से एक हजार से ज्यादा लोगन के मौत खबर, सैकड़न गो लोग अबहियों बाड़े फंसल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.