[the_ad_group id="30365"]

Earthquake: तुर्की में 7.8 तीव्रता के भूकंप से एक हजार से ज्यादा लोगन के मौत खबर, सैकड़न गो लोग अबहियों बाड़े फंसल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जानकारी के मुताबिक, तुर्की आ सीरिया में कम से कम 2300 लोग मारल गइल बाड़े आ करीब 5000 से जादा लोग घायल भइल बा। देश के उपराष्ट्रपति फिएट ओकटे के हवाला देत बतवले आ रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि 10 शहरन में 1,700 से बेसी इमारत क्षतिग्रस्त हो गईंल बाड़ी सs। ओहिजे, सीरिया में कम से कम 783 लोग मारल गइल बाड़े आ 639  लोग घायल हो गइले। इस्राइल आ लेबनानो में  कई गो मौतन के आशंका जतवाल जा रहल बा

टर्की में 7.8 रिएक्टर के तेजी के बड़ा विध्वंसक भूकंप आइल बा ,फोटो साभार: अमर उजाला
तुर्की आ ओकरा पड़ोसी देशन में भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल बा। नूर्दगी से 23 किलोमीटर पूरूब के ओर ई झटका महसूस कइल गइल। एकर असर सीरिया तक देखे के मिलल बा। जानकारी के मुताबिक, भूकंप के वजह से कई गो इमारत धराशायी हो गईल बाड़ी सs। रिक्टर पैमाने पs भूकंप के तीव्रता 7.8 मापल गईल बा।जनकारी के मुताबिक, तुर्की आ सीरिया में कम से कम 2300 लोग मारल गइल बाड़े आ करीब 5000 से जादा लोग घायल भइल बा। देश के उपराष्ट्रपति फिएट ओकटे के हवाला देत बतवले आ रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि 10 शहरन में 1,700 से बेसी इमारत क्षतिग्रस्त हो गईंल बाड़ी सs। ओहिजे, सीरिया में कम से कम 783 लोग मारल गइल बाड़े आ 639  लोग घायल हो गइले। इस्राइल आ लेबनानो में  कई गो मौतन के आशंका जतवाल जा रहल बा।
एह भूकंप से बहुते लोगन के हताहत होके के खबर आइल बा ,फोटो साभार:सोशल मीडिया

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]