[the_ad_group id="30365"]

दमदार रोल के साथे वापसी करतारी ‘रामायण’ के सीता, एह नया शो में नजर अइहे दीपिका चिखलिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दीपिका चिखलिया टीवी के ऊ अभिनेत्री हई, जेकरा जनता से बहुते प्यार मिलल बा। दीपिका के किरदार के सभे जानत बा। दीपिका चिखलिया ‘रामायण’ में सीता के किरदार निभा के लोग के दिल में एगो अलग जगह बना लेले बाड़ी। प्रशंसक उनुका के रामानंद सागर के टीवी शो ‘रामायण’ के समय से जानत बाड़े। दीपिका अब एगो नया शो ले के आइल बाड़ी जवना के कहानी अयोध्या के पृष्ठभूमि में बनल बा। एह शो के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा, जवना में दीपिका चिखलिया के नया लुक देखे के मिलत बा।

एह शो में नजर अइहे माता सीता

दिपिका चिखलिया लगभग 33 साल बाद एक बेर फेर छोट परदा पs लवटत बाड़ी। उनुका नयका शो के नाम बा ‘धरतीपुत्र नंदिनी’ एह शो के वीडियो में रउरा सभे के दीपिका के दमदार भूमिका देखे के मिली। इ धारावाहिक नजारा tv पs आई। एह शो में रउरा सभे ‘रामायण’ के माता सीता के नया रूप में देखे जा रहल बानी। ई शो उनुका आपन प्रोडक्शन हाउस के ह। एकर कहानी अयोध्या के ह। रउरा सभे हर सोमार-शुक्र के रात 8:30 बजे नजरा टीवी शो देख सकीलें।

शो के स्टार कलाकारन के नाम

एह शो में दिपिका चिखलिया के किरदार के नाम सुमित्रा ह। शेयर कइल प्रोमो वीडियो में रउरा सभे देखे जा रहल बानी दीपिका अपना होखे वाली पतोह के बारे में बतियावत बाड़ी। ऊ बतावेली कि ऊ लोग कवना तरह के पतोह चाहत बा। एह प्रोमो के कहानी नंदिनी नाम के एगो लइकी के इर्द गिर्द घूमत बा जवना के भूमिका शगुन सेठ कइले बाड़ी। एह शो के कहानी औरतन पs केन्द्रित बा। एह शो में दीपिका चिखलिया के स्ट्रॉन्ग लेडी के किरदार में देखावल जइहें। रउरा सभे से बता दीं कि धारावाहिक ‘धरतीपुत्र नंदिनी’ से पहिले ई अभिनेत्री कुछ फिलिम भी कइले बाड़ी।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]