Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ईंहों के जानी , ईंहों के पहचानी , आजू जानल जाव अभिनय के क्षेत्र में उभरत युवा कलाकार ..रितिका सिंह के बारे में

खबर भोजपुरी एगो सेगमेंट लेके रउरा सब के सोझा आइल बा जवना में हमनी के अपना क्षेत्र में बेहतर काम कर रहल युवा लोग से रउरा लोग से परिचय करावेनी जा।

2,974

 

खबर भोजपुरी एगो सेगमेंट लेके रउरा सब के सोझा आइल बा जवना में हमनी के अपना क्षेत्र में बेहतर काम कर रहल युवा लोग से रउरा लोग से परिचय करावेनी जा।

एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव बाबा गोरखनाथ के पावन धरती से अभिनय के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहsल रीतिका सिंह के बारे में…

 

उत्तर प्रदेश के गोरखपुर के रहे वाली रंगमंच के दुनिया में उभरत युवा कलाकार रितिका सिंह बहुत कम समय में अपना खातिर एगो अलग पहचान बना लिहले बाड़ी। इनकर जन्म स्थान बिहार ह बाकिर उनकर परवरिश गोरखपुर में भइल।

रितिका अपना परवरिश के सगरी श्रेय आपन महतारी पुष्पा सिंह के देली।

रितिका के बतचीत के दौरान उ कहली की, ‘ माई के मार्गदर्शन आ सहयोग के वजह से ही रंगमंच के दुनिया में आजु हम इहाँ बानी। उ आगे कहत बाड़ी कि ‘माई हर फैसला में हमार साथ देत आवत बाड़ी, जवना के नतीजा में आजु हम एगो नया उड़ान भर पावत बानी।

 

रितिका के बचपन से ही एक्टिंग के सउख रहें। उ शुरू से ही अभिनय अवुरी मॉडलिंग के क्षेत्र में जाइल चाहत रहली । अभिनय के दुनिया में ऊ कई गो नाटक कइले बाड़ी जइसे कि, नरेंद्र कोहली के उपन्यास दीक्षा में रितिका अहिल्या आ सीता दुनु के भूमिका में बाड़ी। दीक्षा उपन्यास के एक बेर मेघदूत थिएटर, संगीत नाटक अकादमी दिल्ली, गोरखपुर में दु बेर सरस्वती विद्या मंदिर स्नातकोत्तर महाविद्यालय के मंच पs पेश कइल गइल बा जवना में रितिका हर बेर सीता के रूप में मंच पs आइल रहली आ दर्शकन के खूब प्यार मिलल, दया प्रकाश सिन्हा जी के द्वारा रचित *सम्राट अशोक*(सांस्कृतिक केंद्र प्रयागराज) में तिष्यरक्षिता के भूमिका के निभवले बाड़ी, रेलवे ग्रुप के साथे *आजादी का सफर*(ऑडिटोरियम गोरखपुर) में झांसी की रानी के भूमिका निभवली , श्रीश्री रामोत्सव नाट्य समारोह संभव कला मंच के प्रस्तुति *लव कुश की वीरता* (नाट्य लेख श्री मानवेंद्र त्रिपाठी निर्देशक श्री रविन्द्र रंगधर) जवना में फेर से सीता के भूमिका में दर्शकन के दिल में एगो अलग जगह बनावे में सफल भइली।

गिरमिटिया महोत्सव 2023में आयोजित श्री मानवेंद्र त्रिपाठी जी द्वारा रचित *गिरमिटिया मजदूर* में भी इनकर भूमिका रहल बा,दूरदर्शन उत्तर प्रदेश टेली फिल्म उड़ान में लेडी इंस्पेक्टर के किरदार में देखल गइल, निर्भया के किरदार में व नजर अइली अउरी अइसन कई गो किरदार बा जउन बहुत रोचक बा ।

इनकर कई गो म्यूजिक एलबम बा जइसे- होना ना जुदा, जय है, खामोश लब,जात बाड़ भईया ,छठी मईया किरपा तोहार, मोर साइयां ।

रितिका सिंह भोजपुरी में भी आपन अभिनय के छाप छोड़ले बाड़ी, यायावरी वाया भोजपुरी के बैनर तले बनल ‘जात बाड़s भईया’ गीत आ ‘छठी मईया किरपा तोहार’ गीत में दमदार अभिनय कइले बाड़ी, जेकरा के लोग बहुत प्यार आ दुलार देले लो।

इनकर कई गो आगामी फिल्म बाड़ी स। संघर्ष 2, इतनी सी खुशी आदि। जवन दर्शकन के बीच बहुत पसंद कइल जाइ आ ओह लोग के प्यार अइसहीं बनल रही।

 

 

 

626960cookie-checkईंहों के जानी , ईंहों के पहचानी , आजू जानल जाव अभिनय के क्षेत्र में उभरत युवा कलाकार ..रितिका सिंह के बारे में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.