[the_ad_group id="30365"]

Crime Thrillers On OTT : क्राइम-थ्रिलर के बानी शौकीन, त देंखी इ 5 वेब सीरीज, दिमाग के झकझोर के रख दी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Crime Thrillers On OTT : अगर रउरा क्राइम थ्रिलर आ सस्पेंस पs आधारित वेब सीरीज देखे के शौक बा त ई 5 गो वेब सीरीज रउरा दिमाग के उड़ा दी । आजुकाल ओटीटी प्लेटफार्म पs अइसन वेबसीरीज जोर शोर से चल रहल बा। ई 5 गो वेबसीरीज रउरा के अंत तक स्क्रीन से बन्हले रही।

Paatallok : बॉलीवुड अभिनेत्री अनुष्का शर्मा के बनावल क्राइम थ्रिलर सस्पेंस पs आधारित वेबसीरीज काफी लोकप्रिय साबित भईल। एह वेबसीरीज के एगो महत्वपूर्ण पात्र हथौड़ा त्यागी बहुत लोकप्रिय भइल। एह वेबसीरीज के आईएमडीबी पs भी 8.5 रेटिंग मिलल बा। एह वेबसीरीज के ओटीटी प्लेटफार्म अमेजन प्राइम पs स्ट्रीम कइल जा रहल बा।

https://youtu.be/eKmFlxgOg84

Marzi : मर्जी एगो सस्पेंस थ्रिलर वेबसीरीज ह जवना के कुल 6 एपिसोड बा। आईएमडीबी पs एह वेबसीरीज पs 7.2 के रेटिंग दिहल गइल बा। अहाना कुमार आ राजीव खंडेलवाल के ई वेबसीरीज Voot पs स्ट्रीम हो रहल बा।

UN देखी : पारिवारिक नाटक, साथ ही क्राइम थ्रिलर सस्पेंस पs आधारित एह वेब सीरीज के आईएमडीबी पs 8.3 रेटिंग मिलल बा। एह वेबसीरीज के Soni Liv पs स्ट्रीम कइल जा रहल बा।

The Last Hour: द लास्ट आवर में संजय कपूर आ राइमा सेन मुख्य भूमिका में बाड़ी। आईएमडीबी पs एकरा के 7.8 रेटिंग दिहल गइल बा।

Bhaukaal : Mohit Raina के वेबसीरीज भौकल एगो रियल लाइफ सिपाही नवनीत शिकेरा के जीवन पs आधारित बा। आईएमडीबी पs 8.3 के रेटिंग दिहल गइल बा। क्राइम थ्रिलर सस्पेंस में सब कुछ एह वेबसीरीज में देखल जाई। एकरा के ओटीटी प्लेटफॉर्म MX Player पs देखल जा सकता।

एह सब 5 गो वेबसीरीज देखला के बाद आखिरी सीन तक रउआ आपन नजर अपना स्क्रीन से ना हटा पइब।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]