[the_ad_group id="30365"]

1 जनवरी से बदली सिम कार्ड के नियम, इs काम करब तs होई 3 साल के जेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

New Rules january 2024​: नया साल आवे में कुछ समय बाचल बा। स्कैम, स्पैम, फ्रॉड, ऑनलाइन ठगी के बहुत मामिला 2023 में सोझा आईल। अब नया साल में सरकार एह सब से निपटे के पूरा तइयारी कs लिहले बिया। सरकार एगो नया दूरसंचार विधेयक पेश कइले बिया आ एह विधेयक में सिम कार्ड खरीदे बेचे के लेके कड़ा नियम बनावल गइल बा। सिम कार्ड खरीदे के नया नियम 1 जनवरी 2024 से लागू हो जाई। अब सिम खरीदल पहिले निहन आसान ना होई।

भारत में स्मार्टफोन यूजर के लगातार बढ़त संख्या के संगे ऑनलाइन धोखाधड़ी अवुरी घोटाला के मामिला में भी तेजी से बढ़ोतरी भईल बा। अब सरकार एह पs दबाव बनावे वाली बिया। नयका साल से सिम खरीदे के नया नियम लागू हो जाई। सरकार नयका विधेयक में साफ कs देले बिया कि जदी केहु फर्जी सिम खरीदता तs ओकरा के 3 साल के जेल अवुरी 50 लाख तक के जुर्माना के सजा हो सकता।

बायोमैट्रिक विवरण अनिवार्य हो जाई

नयका दूरसंचार विधेयक में दूरसंचार कंपनियन के कड़ा निर्देश दिहल गइल बा कि सिम खरीदे वाला हर ग्राहक के बायोमैट्रिक डाटा अनिवार्य रूप से एकट्ठा कइल जाव। अगर केहु धोखाधड़ी से सिम कार्ड खरीदे तs ओकरा पs कड़ा कार्रवाई कईल जा सकता।

डिजिटल केवाईसी के माध्यम से सिम उपलब्ध होई

1 जनवरी 2024 से देश में सिम खाली डिजिटल केवाईसी के माध्यम से उपलब्ध होई। एतने ना, सत्यापन प्रणाली में भी बड़ बदलाव भईल बा। सिम विक्रेता के सत्यापन भी अनिवार्य कs दिहल गईल बा। नया साल के बाद केहू के सिम थोक में ना दिहल जाई। हालांकि इ नियम व्यावसायिक उद्देश्य पs लागू ना होई।

बता दीं कि सिम खरीदे-बेचे के नया नियम के तहत अब दूरसंचार फ्रेंचाइजी, सिम वितरक अवुरी बिक्री बिंदु एजेंट के रजिस्ट्रेशन अनिवार्य हो जाई। अगर कवनो डीलर दूरसंचार के नया नियम के अनदेखी करी तs ओकरा पs दस लाख तक के भारी जुर्माना लगावल जा सकता।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]