सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X डाउन भइल :यूजर्स पोस्ट नइखे कs पावत लो, ना देख पा रहल बा लो; सबेरे करीब 11 बजे से समस्या

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2023

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X डाउन हो गइल बा। एह कारण यूजर्स पोस्ट नइखे कs पा रहल बा लो आ नइखे देख पा रहल बा लो। भारत समेत दुनियाभर के यूजर्स के बियफे सबेरे करीब 11

Share

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X डाउन हो गइल बा। एह कारण यूजर्स पोस्ट नइखे कs पा रहल बा लो आ नइखे देख पा रहल बा लो। भारत समेत दुनियाभर के यूजर्स के बियफे सबेरे करीब 11 बजे से X के एक्सेस करे में समस्या हो रहल बा। यूजर्स के पोस्ट के जगह एगो मैसेज दिख रहल बा। जेमे लिखल बा ‘वेलकम टू X’।

एसे प्लेटफॉर्म के डेस्कटॉप आ मोबाइल दुनो वर्जन प्रभावित भइल बा। आउटेज ट्रैकिंग वेबसाइट डाउनडिटेक्टर.कॉम पs कइयन लोग X के डाउन होखे के जानकारी दिहल। डाउनडिटेक्टर के मोताबिक, प्लेटफॉर्म के उपयोग न कs पावे के 70,000 से अधिक रिपोर्ट बा। एह समय, एह समस्या के कारण के बारे में कवनो जानकारी नइखे।

एकरा पहिले मार्च में सर्विस डाउन भइल रहे

एकरा पहिले एही साल मार्च में X (तब ट्विटर) के सर्विस डाउन हो गइल रहे। तब यूजर्स के अपना टाइम लाइन पs ट्वीट देखे आ नया ट्वीट पोस्ट करे में परेसानी हो रहल बा। संयुक्त राज्य अमेरिका, यूके, जापान आ भारत सहित अलग-अलग देसन के यूजर्स आउटेज के शिकायत कइले रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.