[the_ad_group id="30365"]

उपलब्धि: YouTube पs दु करोड़ सब्सक्राइबर्स वाला पहिला नेता बनलें पीएम मोदी, एक महीना में 22 करोड़ व्यूज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नावे एगो आउर उपलब्धि जुड़ गइल बा। पीएम मोदी के लोकप्रियता के कवनो तरे के कवनो संदेह नइखे। एकर प्रमाण हाले में अलग-अलग राज्यन में चुनाव में देखे के मिल ।

पीएम मोदी के लोकप्रियता के प्रमाण दुनिया के सबसे बड़ वीडियो स्ट्रीमिंग प्लेटफॉर्म YouTube पs देखे के मिल रहल बा। नरेंद्र मोदी YouTube पs 2 करोड़ सब्सक्राइबर्स पावे वाला पहिला वैश्विक नेता बन गइल बाड़ें।

Gorakhpur News: एआईयू एथलेटिक्स मीट में डीडीयू के रूबी जीतली कांस्य पदक, जिला के बढ़वली मान

YouTube पs सब्सक्राइबर्स आ व्यूज के ममिला में पीएम मोदी दुनिया के अपना तमाम प्रतिद्वंदी नेता लोगन के बहुत पीछे छोड़ले बाड़ें। पीएम मोदी के YouTube चैनल पs कुल 450 करोड़ व्यूज बा। पिछला साल फरवरी में मोदी के चैनल के सब्सक्राइबर्स के संख्या 1 करोड़ के आंकड़ा के पार कइले रहे।

मोदी के चैनल पs सबसे पोपुलर तीन गो वीडियोज बा। जवना के कुल व्यूज 175 मिलियन बा। पीएम मोदी के बाद दूसरका नंबर पs ब्राजील के पूर्व राष्ट्रपति जायर बोलसोनारो बाड़ें। जिनका चैनल पs 64 लाख सब्सक्राइबर्स बा लो।

यूक्रेन के राष्ट्रपति वलोडिमिर जेलेंस्की तीसरका नंबर पs बाड़े। जिनकर सब्सक्राइबर्स 11 लाख बा लो। चउथा नंबर पs अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन बाड़ें। जिनका YouTube चैनल पs 7,94,000 सब्सक्राइबर्स बा लो। खाली दिसंबर 2023 में पीएम मोदी के चैनल के कुल व्यूज 22.4 करोड़ बा जवन कि एगो रिकॉर्ड बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]