[the_ad_group id="30365"]

सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड के आरोपी सचिन बिश्नोई हिरासत में, अजरबैजान से पकड़इलन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड में पंजाब पुलिस के बड़ सफलता मिलल बा। एह हत्याकांड के मुख्य आरोपी अउरी गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के भांजे सचिन बिश्नोई के हिरासत में लिहल गइल बा। जानकारी के मुताबिक, ओके अजरबैजान से पकड़ल गइल बा। आरोप बा कि लॉरेंस गैंग के सचिन ही बाहर से निर्देश देत रहे।

शुक्क के पेश कइल गइल रहे चालान

मूसेवाला हत्याकांड में मानसा पुलिस बीतल शुक़्क़ के चालान पेश कइलें रहे 1850 पन्ना के चालान में 24 आरोपियन के नाम शामिल बा। एहमें से 20 लोग के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा। कहल गइल रहे कि चार आरोपी विदेश में छिपल बानें। हत्याकांड के मास्टरमाइंड गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के बतावल गइल बा, जौन एह समय पंजाब पुलिस के हिरासत में बा। जौन आरोपियन के विदेश में लुकइलें के बात कहल गईल रहे, ओमें मुख्य आरोपी गोल्डी बराड़, सचिन बिश्नोई, अनमोल बिश्नोई अउर लिजिन नेहरा शामिल रहनें।

34 आरोपियन के खिलाफ दर्ज कइल गइल रहे मामला

एह मामला में एसएसपी गौरव तोरा बतवलें रहलें कि 34 आरोपियन पर मामला दर्ज कइल गइल रहे। 24 आरोपियन के खिलाफ कोर्ट में चार्जशीट दाखिल कर देहल गइल बा। हत्या में शामिल जगरूप रूपा अउर मनप्रीत मनु कुस्सा पुलिस मुठभेड़ में मारल जा चुकल बानें। अदालत के उनके मुठभेड़ के बारे में सूचित क दिहल गइल बा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]