[the_ad_group id="30365"]

बाहुबली अउरी पहिले के विधायक राजन तिवारी के जमानत अर्जी खारिज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विशेष न्यायाधीश गैंगस्टर एक्ट सुबोध वार्ष्णेय सोमार के बाहुबली अउरी बिहार के पूर्व विधायक राजन तिवारी के जमानत अर्जी खारिज कs देहलें। राजन पर गैंगस्टर के तहत कार्रवाई भइल बा। एही मामला में गिरफ्तार कइल गइल रहे। अब हाईकोर्ट से जमानत लेवे के पड़ी।

राजन तिवारी के तरफ से गैंगस्टर कोर्ट में जमानत अर्जी देहले गइल रहे। एह पर सोमवार के सुनवाई भईल। जमानत याचिका के विरोध करत विशेष लोक अभियोजक अखिलेश शुक्ल अउरी घनश्याम सिंह कहलें कि राजन गिरोहबंद व्यक्ति हवें। अपने आर्थिक अउर भौतिक लाभ खातिर अपराध करेने।

उनका भय से केहू मुकदमा दर्ज करवले अउर गवाही देहलें के साहस नाइ जुटा पावsला। हत्या अउर हत्या के प्रयत्न के दू मुकदमा गैंगचार्ट में दर्ज बा। जमानत मिलले के बाद राजन तिवारी जांच के प्रभावित कs सकsतने। दूनों पक्ष के दलील सुनला के बाद विशेष न्यायाधीश गैंगस्टर जमानत अर्जी खारिज कs देहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]