[the_ad_group id="30365"]

सिद्धार्थनगर: साढ़े पांच फीट के लौकी बनल आकर्षण के केंद्र, देखे वालन के जुटल भीड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विकास क्षेत्र मिठवल के बनगवा निवासी सूर्यनाथ साहनी के क्षेत्र में खूब चर्चा हो रहल बा। उनके घर पर लागल लौकी के पौधा आकर्षण के केंद्र बनल बा। ओमें पांच फीट से बेसी लमहर लौकी लागल बा।

प्रगतिशील किसान सूर्यनाथ सब्जी के खेती में आधुनिक तकनीक के इस्तेमाल कs के अप्रत्याशित सफलता हासिल कइले बाने। नयका विधि से घर के छत पर पौधा लगवलें। सूर्यनाथ बतवलें कि ऊ शाहजहांपुर में रहे वाले अपने एक मित्र से लौकी के बीया मंगववले रहनें। ओकर बुआई नौ सितंबर के छत पर कइले रहनें। पौध में जब फल आवे लागल, उनके रसरी के सहारे छत से लटका दिहलें।

महज 54 दिन में पौध में लागल लौकी के लंबाई पांच फीट से अधिक हो गइल। पौध में लागल लौकी के फेसबुक पर पोस्ट कइलें त लोग में उत्सुकता बढ़ल अउर लोग देखे आवे लगनें। कई लोग ओसे बीया के मांग कs रहल बा अउर खेती के विधि जाने आ रहल बानें।

प्रभारी जिला उद्यान अधिकारी पीएन राम बतवलें कि किसान के घर टीम भेज के जानकारी लीहल जाई अउर लौकी के खेती खातिर प्रोत्साहित कइल जाई। विभाग भी सब्जी के खेती के बढ़ावा देवे खातिर किसानन के विभिन्न योजना के जरिए लाभान्वित करsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]