[the_ad_group id="30365"]

शादी के 10 दिन बादे नइहर से प्रेमी संग फरार हो गइली नवविवाहिता, साथे ले गइली नकदी अउर जेवर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्यामदेउरवा थाना क्षेत्र के गांव के रहे वाली नवविवाहिता शादी के 10 दिन बाद ही अपने प्रेमी संग ससुराल से फरार हो गइली। उनके पिता  थाना में तहरीर दे के कार्रवाई के मांग कइले बानें। पुलिस मामिला के जांच पड़ताल में जुटल बा।
श्यामदेउरवा थाना क्षेत्र के एक गांव के युवती के शादी क्षेत्र के गांव में 25 अक्टूबर के भइल रहे। मायका से ई ससुराल गइली अउर उहां से करीब 12 दिन बाद प्रेमी संग फरार हो गइली।। बतावल जाता कि उनकर प्रेम संबंध पहिले से रहल। शादी के दौरान उनके प्रेमी घर पर आ के हंगामा कइले रहल। मामला के ओह वक्त समझा-बुझाकर शांत करा दिहल गइल रहे।
शिकायत के अनुसार, शादी होखले के बाद युवती जब अपने ससुराल गइली त उनके 10 दिन में अपने साथ भगा ले गइल, साथ में ऊ नकदी, मोबाइल अउर कुछ अन्य सामान ले के चल गइली।। थानाध्यक्ष रामाज्ञा सिंह बतवलें कि नवविवाहिता के संबंध शादी पूर्व ओकरे प्रेमी से रहल। उनके पिता अपहरण के तहरीर देहले बानें। मामला के जांच कइल जा रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]