[the_ad_group id="30365"]

माई योद्धा होली: बच्ची के बचावे के सांप पर लोटा गइली महिला, तीन बेर कटलस तब्बो नाइ भइली टस से मस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिल्म केजीएफ के एगो चर्चित डॉयलाग ह- ‘दुनिया के सबसे बड़ योद्धा माई होली।’ ई खाली एगो डॉयलाग नाइ बलुक सच्चाई भी ह अउर एक बेर फिर से एगो माई अपने बेटी के बचावे खातिर एके सच कs दिखवले बा। घटना झारखंड के ह। इहां के भुरकुंडा में एक माई अपने दुधमुंही बच्ची के बचावे खातिर जहरीला सांप तक से भिड़ गइली।

ऊ अपने बेटी पर आंच नाइ आवे देहली। हालांकि, सांप से लड़त-लड़त ऊ खुद घायल हो गइली। सांप उनके तीन बेर कटलस। अब घायल महिला रिम्स में भर्ती बाड़ी, जहां उनकर इलाज चल रहल बा।

नदी पर नहाए गइल रहली महिला

जानकारी के मुताबिक, भुरकुंडा नलकारी नदी के तट चरण मांझी के पत्नी सरिता देवी अपने दुधमुंही बच्ची के साथ नहाए गइल रहली। ऊ बच्ची के नदी किनारे बिठा के नहाए लगली। तब्बे एगो सांप बच्ची के ओर बढ़त रहल, जेसे देख के ऊ रोए लगली। महिला जब ई देखली त ऊ मदद खातिर चिल्लइली लेकिन आसपास केहू नाइ रहल।

सांप पर लोटा गइली महिला

जब महिला के कुछ समझ नाइ आइल, त ऊ सांप पर ही लोटा गइली। एह दौरान महिला के सांप तीन बेर कटलस, लेकिन ऊ टस से मस नाइ भइली। आखिर में सांप उहां से चल गइली। एकरे बाद स्थानीय लोग महिला के सीसीएल अस्पताल ले गइल, जहां प्राथमिक उपचार के बाद उनके रिम्स रेफर कs दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]